Reza-posterके.बी. इण्टरप्राईजेज के परोसल आ राइडरमैन फिल्म्स अउर सुकृति फिल्म्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘रेजा’ जल्दिए रिलीज होखी. एकर निर्माता कबीर भट्ट आ निर्देशक अजय के. झा हउवें.

एह फिलिम के कहानी ईंट भट्टा पर काम करेवाला मजूरन के कहानी ह. भट्टा के मजूरन के रेजा कहल जाला. सामाजिक संदेश देत एह फिलिम में मनोरंजनो के पूरा धेयान राखल गइल बा. एक्शन का साथे रोमांस आ कॉमेडिओ भरपूर बा.

फिल्म के संगीतकार अमन श्लोक, गीतकार अरविंद तिवारी आ फणीन्द्र राव, लेखक बिट्टू सिंह, कोरियोग्राफर कानू मुखर्जी आ महेश आचार्या, एक्शन हीरा लाल यादव, कैमरामैन नीतू इकबाल अउर सह-निर्माता ज्योति भट्ट हउवें.

फिलिम के प्रमुख कलाकारन में मनोज दाव, निरुपमा श्री, मोहिनी घोष, दीपक भाटिया, देव सिंह, देव कुमार, हीरा यादव, संजय वर्मा, गंगा वर्मा, संगीता सिन्हा, नीता, ललित झा आ आइटम क्वीन सीमा सिंह शामिल बाड़ी,


(समरजीत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: