जहाँ न पहुँचे कवि तहाँ पहुँचे रवि

by | Jun 20, 2014 | 0 comments

RaviKishan-newlookहँ, ई बाति सोलह आना साच ह. इंसान के सोच, रचनात्मकता, कीर्ति आ यश रोशनी के अइसन किरण ह जवन सात समुन्दर पार ले करिया बादरन के चीरत अपना गंतव्य ले चहुँपिए जाला. बाति होखत बा भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री के ओह स्टार के जे एकरा तिसरका दौर के ग्लैमरस कइलसि आ हमेशा प्रोड्यूसरन के, नयका निर्देशकन के आ जूनियर कलाकारनो के मदद करत रहेला. एह स्टार के नाम अब ले रउरो मन में आइए गइल होखी तबहियो नाम बता देत बानी. ई हउवन जाँबाज़, हरफन-मौला, सदाबहार अभिनेता रवि किशन.

भोजपुरी आ हिंदी के सैकड़ो फिलिमन में मुख्य किरदार निभा चुकल रवि किशन अब एगो मराठीओ फिलिम में मुख्य भूमिका में नजर आवे वाला बाड़न. कहे वाला इहो कहत बाड़न कि तेलगुओ सिनेमा में रवि किशन के मौजूदगी दर्ज हो गइल बा. ई खबर उनका सगरी प्रशंसकन ला गौरव के बाति बा.

फिलहाल रवि किशन लखनऊ में सलत भोजपुरी फिलिम ‘रक्त भूमि’ के शूटिंग में लागल बाड़न. एकरा बाद ‘बाज़ीगर’ फिलिम के कुछ हिस्सा के शूटिंग पूरा करइहें. तब एगो हिन्दी फिलिम के शूटिंग ला इटली जइहन. एह फिलिम के नायिका अमीषा पटेल बाड़ी. हाल के लोकसभा चुनाव मे कुछ दिन ला अझुरइला का बाद रवि किशन फेरू सिनेमा का दुनिया में व्यस्त हो गइल बाड़न आ उनका सामने फिलिमन के लाइन लागल बा.

भोजपुरी रवि किशन आ पवन सिंह के जोड़ी ले के बनल सगरी फिलिम ब्लॉकबस्टर रहल बाड़ी स. एह दुनू जने के एगो फिलिम अउर आवे वाली बा ‘योद्धा’. करीब तीन करोड़ के खरचा से बनल ई फिलिम अगिला महीना रिलीज होखे के उमेद बा.

अपना प्रशंसकन के चाहत के ध्यान राखत रवि किशन सिक्स पैक बनावे जात बाड़न. वइसे त इंडस्ट्री में रवि बाकि सभका मुकाबले बहुते सुन्दर हउवें तबहियों अपना के हमेशा फिट फाट बनवले राखे ला उ हमेशा मेहनत करत रहेले.

आजु जब हीरो बनल आसान हो गइल बा, कवनो सिंगर हीरो बन सकेला. कवनो धनपति हीरो बन सकेला तब ई याद कइल अउर जरूरी बा कि जब भोजपुरी सिनेमा गर्दिश के दौर से गुजरत रहुवे तब एकरा के ओह दौर से निकाले ला रवि किशन के कइसन योगदान रहल. रवि किशन हमेशा नयका कलाकारन के प्रेरणा बनल रहीहें काहे कि ई खांटी हीरो हउवन. चलीं हमनी सभ रवि किशन के सेहत ,सौंदर्य, आ यश के मंगल कामना कइल जाव.
(संजयभूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up