pub-4188398704664586

दामिनी के सन्नी देओल जइसन किरदार का इन्तजार में पवन सिंह

by | Jun 11, 2010 | 0 comments

पवन सिंह देखे में भलही चाकलेटी लागत होखस बाकिर उनका एक्शन करे में बेसी आनन्द मिलेला. भोजपुरी सिनेमा में सुपर स्टर के दर्जा पा चुकल पवन सिंह कहेलें कि एक्शन फिल्म उनका के बहुते उत्साहित करेले. बतावेले कि सन्नी देओल उनकर आदर्श हीरो हउवन आ ऊ अपनहू चाहेले कि एक्शन से भरपूर फिल्मन में काम करे के मौका मिले. फिल्मन में एक्शन सीन पवन सिंह खुदे करेले आ खतरा से खेलल उनकर आदत जइसन हो गइल बा. कहलो पर ऊ खतरनाक सीन खातिर डुप्लीकेट ना मँगावस. बार बार चुटहिल आ गवाहिल होखेले, जरत जरत बाचेले बाकिर एक्शन करे के पैशन ना छूटे.

एह साल पवन सिंह के जब केहू दिल में समा जाला, देवरा बड़ा सतावेला, सईया के साथ मड़ईया में, आ प्यार बिना चैन कहाँ रे जइसन हिट फिल्म रिलीज हो चुकल बा आ आवे वाली फिल्मन में कुरुक्षेत्र, गुण्डाराज, कब तक चुप रहब, गंगा पुत्र सहित दर्जन भर फिल्म बाड़ी सँ.


(स्रोत : मु॰ खालिद)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586