RakeshMishraभोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार राकेश मिश्रा आजुकाल्हु ‘दिल तेरा आशिक’फिलिम के शूटिंग करत बाड़न.

निर्माता निर्देशक अतुल मिश्रा के एह फिलिम का बारे में राकेश मिश्रा बहुते उछाह में बाड़न. उनकर कहना बा कि एकर कहानी कुछ अलग तरह के बा जवन उनका बहुत पसंद आइल.

जानत चलीं कि अपना पहिलके फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ से रातो रात स्टार बन गइल राकेश के उनकर फिलिम ‘दीवानगी हद से’ रिलीज का पहिलहीं सुपर स्टार बना दिहलसि. राकेश मिश्रा के एगो अउर फिलिम ‘प्यार किया तो डरना क्या’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: