दिलो दिमाग पर छा गइल गठबन्धन प्यार के

by | Apr 3, 2010 | 1 comment

मोनिका सिन्हा के निर्माण आ विष्णुशंकर वेलू का निर्देशन में बनल भोजपुरी फिल्म गठबन्धन प्यार के बिहार के हर सिनेमा हॉल में हाउसफुल के रिकार्ड बनवले बिया. सीतामढ़ी आ कई जगहा त लाठी ले चटकल टिकट खिड़की पर. पटना समेत बिहार के सगरी बड़ सिनेमाहॉलन पर कब्जा हो गइल बा एह फिल्म के.

Pawan Singh with Rinku Ghosh in Gathbandhan Pyaar Ke

गठबन्धन प्यार के में चार गो गायक फिल्मी परदा पर एक साथ आइल बाड़न आ ओह लोग खातिर भीड़ उमड़ पड़ल बा. पवन सिंह, छोटू छलिया, कल्लू आ अंजलि के एक झलक देखे खातिर सिनेमाहाल का टिकट खिड़की पर लमहर लमहर कतार लागल बा. फिल्म के नायिका रिंकू घोष एक बेर फेर देखा दिहली कि ऊ लोग का दिल में बसेली.

निरहुआ रिक्शावाला जइसन फिल्मन के प्रस्तुतकर्ता रहल संजय सिन्हा एकरो के प्रस्तुत कइले बाड़े आ फिल्म के सफलता देख निर्मात्री मोनिको सिंह गदगद बाड़ी. कहत बाड़ी कि गठबन्धन प्यार के दर्शकन के नब्ज पकड़ लिहले बा आ साबित हो गइल कि भोजपुरी वर्ल्ड में बढ़िये फिल्म चलेला आ खूब चलेला. एह फिल्म के सबसे कास बात बा कि एकरा में चौदह गो गाना बा बाकिर आयटम नम्बर एको ना. पुरा तरह से पारिवारिक फिल्म गठबन्धन प्यार के देख के दर्शक राजश्री प्रोडक्शन के फिल्मन के याद करे लागत बाड़े. कहत बा लोग कि बिना आयटमो नम्बर के फिल्म सुपर हिट हो सकेला.

गठबन्धन प्यार के फिल्म देखे खातिर जवना तरह से भीड़ जुट रहल बा ओकरा से कहल जा सकेला कि एह तिमाही के ई सबले बड़ आ सफल फिल्म बिया. निर्मात्री आ निर्देशक सहित फिल्म के पूरा टीम दर्शकन के धन्यवाद दे रहल बाड़े.

Sanjay Sinha with Pawan Singh and others

ह फिल्म के ले के कुछ दिन पहिले एकरा प्रस्तुतकर्ता संजय सिन्हा से बात भइल रहे. ओही बातचीत के कुछ अंश एहिजा दिहल जा रहल बा…

संजय जी, एक साथ चार गो गायक के फिल्मी परदा पर पेश करे के आयडिया कहाँ से मिलल?

निरहुआ रिक्शावाला बनावे से पहिलहू दर्शकन का बीच एगो सर्वे करवले रहीं. गठबन्धन प्यार के के निर्मात्री मोनिका सिंह आ निर्देशक विष्णुशंकर वेलूओ दर्शकन का बीच जा के ओह लोग के राय जनला का बादे फिल्म बनावल शुरु कइल. चार गो गायक बाड़न से फिल्म के गीतो संगीत कमाल के बनल बा. रिलीज होके से पहिलही से एकर गाना घर घर बाज रहल बा. पंकज के लिखल गीत आ पप्पू श्रीवास्तव के संगीत बहुते बढ़िया बनल बा.

रिंकू घोष के भोजपुरी के मधुबाला कहल जाला. कइसन रहल उनका साथे काम करे के अनुभव?

रिंकूए घोष ना, एह फिल्म के हर कलाकार सौ फीसदी दिहले बाड़े एह फिल्म के. रिंकू घोष त फिल्म में जान डाल दिहले बाड़ी. तीनो गायक, पवन, छोटू छलिया, कल्लू आ गायिका अंजलि एह फिल्म खातिर रातदिन काम कइले बा लोग. आ ओह लोग के मेहनत के दर्शकन के प्यार मिलही के बा.

निर्देशक वेलु कतना न्याय कइले बाड़े एह फिल्म से?

विष्णु शंकर वेलू त एकरा के पूरा पैकेजे बना दिहले बाड़े आ हर आदमी एह फि्लम के बेर बेर देखल चाही.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा

Loading

1 Comment

  1. Krishna Kumar Tiwari

    आप लोगन के हमार नमस्ते बाते

    हमके एक गीत बा का हमरो दिनवा बहुरिहे की नहीं, एके हम अमेरिका में केहू किहा सुनले रहली | एकर CD मिली कही आजकल हम रूस में रहतानी | कवनो उपाय बा जवने से हमके इ गाना मिल जा | ये गाना के बारे में कुछ हमके मदद करी

    के गवाले बा गायक के हवे | हमार घर गोरखपुर हवे लेकिन सात साल से हम विदेश में ही रहत बानी | हमार कवनो मदद करी | ईहा कई लोग बाने जवन भोजपुरी के आदर करे ले |

    धन्यबाद
    कृष्ण कुमार तिवारी

    हमार ई मेल – kkkt_p@yahoo.in हवे |

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up