deewanagi_ke_hudजानल मानल निर्माता कांतिलाल पी मारू के फिलिम “कसम वर्दी की” बिहार आ यूपी मे सफलता के डंका बजावत बिया. अब उनकर नयकी फिलिम “दिवानगी हद से” के गाना के रिकार्डिंग मुंबई में शुरु हो गइल बा.

एकर मुहुर्त पिछला दिने मुंबई के गोरेगांव का होटल क्लासिक में भव्य पार्टी दे के कइल गइल जवना में तमाम खासमखास लोग का साथही एह फिलिमके कलाकारो मौजूद रहले.

गीतकार प्यारेलाल यादव आ संगीतकार अविनाश झां घुघरू बाड़े. कथालिखे आ निर्देशन के काम करत बाड़े मशहूर निर्देशक दिनेश यादव. पटकथा आ संवाद मनोज सिंह टाईगर के, कैमरा मैन नीटू इकबाल, आ संपादक गुर्जर सिंह.

“दिवानगी हद से” के मुख्य कलाकार रहीहे राकेश मिश्रा, मोनालिसा, अरविन्द अकेला कल्लू, मदन मोहन, मनोज सिंह टाईगर आ संजय पांडे.

क्लासिक फिल्म्स के बैनर तले बने जात एह फिलिम के शूटिंग जल्दिए शुरू होखी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

One thought on ““दिवानगी हद से” के गाना रिकार्डिंग शुरु भइल”

Comments are closed.

%d bloggers like this: