‘दुल्हे राजा’ के शानदार लॉचिंग आ ‘प्यार झुकता नहीं’ के म्युजिक रिलीज

by | Mar 25, 2013 | 0 comments

DulheRaja-muhurtसिनेमा भोजपुरी के मशहुर निर्माता अभय सिन्हा पिछला दिने अपना पचीसवाँ फिलिम ‘दुल्हे राजा’ के मुहूर्त कइलन. यशी फिल्मस् प्रा. लि. के बैनर तले बनत एह फिलिम के मुहूर्त क्लैप इम्पा अध्यक्ष टी. पी. अग्रवाल, निर्माता अभय सिन्हा, आ अभिनेत्री शरबनी मुखजी मिल के दिहल लोग. फिलिम के मुख्य कलाकार जोड़ी बा दिनेशलाल यादव निरहुआ आ दक्खिन भारत के अभिनेत्री मधु शर्मा के. निर्देशक अजय श्रीवास्तव आ सह-निर्माता विनोद चौधरी हउवें. एह शुभ अवसर पर नायक निरहुआ आ नायिका मधु शर्मा फिलिम के एगो गाना पर शानदार परफारमेंसो दिहलें.

एही मौका पर अभय सिन्हा अपना नइकी फिलिम खेसारी लाल-स्मृति सिन्हा अभिनीत आ असलम शेख निर्देशित ‘प्यार झुकता नहीं’ के संगीत जारी कइलें. संगीत इम्पा अध्यक्ष टी. पी. अग्रवाल, इंडियन ओवरसीज बैंक के जी. एम. के. के. सोनी, रवि किशन, निरहुआ, पवन सिंह, खेसारी लाल, रानी चटर्जीं, पाखी, स्मृति सिन्हा, अक्षरा सिंह, शैलेश सिन्हा, निर्देशक असलम शेख आ अभनेत्री राखी सावंत के हाथे जारी कइल गइल. एकर संगीत म्युजिक एंगल म्युजिके के लेबल पर जारी भइल बा.

एह मौका पर अभय सिन्हा अपना फिलिम के सगरी कलाकारन, तकनीशियनन, आ निर्देशकन से आभार जतवलें जिनका सहयोगे से ऊ अपना सफलता के सफर तय कइलन. अभय सिन्हा साल 2004 में भोजपुरी फिलिम ‘बंधन टूटे ना’ से भोजपुरी फिलिम बनावल शुरू कइले रहलें.

सुपरस्टार रवि किशन, निरहुआ, पवन सिंह आ खेसारी लाल यशी फिल्मस आ अभय सिन्हा के उज्ज्वल भविष्य के शुभकामना दिहलें. बधाई देबे वालन में हिमालय, प्रवेशलाल यादव, निर्माता टी. पी. अग्रवाल, आलोक कुमार, सुजीत तिवारी, निर्मल जानी, अनिल सम्राट, बिटटू सरदार, मनोज चौधरी, कम्पलीट सिनेमा के संपादक कुमार मोहन, अभिनेत्री शरबनी मुखर्जी, पाखी हेगड़े, रानी चटर्जी, मोनालिसा, स्मृति सिन्हा, अक्षरा सिंह, संगीता तिवारी, उर्वशी चौधरी, मधुमिता सरकार, निर्देशक असलम शेख, हैरी फर्नाडीज, अनिल अजिताभ, देव पाण्डेय, अरशद खान, अजय श्रीवास्तव, बब्लू सोनी, एम. आई राज, राजू, अभिनेता ब्रजेश त्रिपाठी, गीतकार प्यारेलाल यादव ‘कवि’, प्रचारक प्रशांत निशांत, नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना, गायक उदित नारायण आ गायिका कल्पना आ इम्पा कार्यकारिणी के नरेश महनोत, जे. नीलम, विक्की राणावत सभे शामिल रहल.


(प्रशांत निशांत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up