निर्देशकन आ एसोसिएशन का बीच पुल बनल सी पी आई मूवीज

by | Aug 15, 2013 | 0 comments

अशोक पंडित मनले सुजीत तिवारी के आभार

SujitTtiwariहाल ही में भइल फिल्म निर्देशकन के एसोसिएशन के चुनाव में जबरदस्त सफलता हासिल करे वाला अशोक पंडित गुट भोजपुरी आ मराठी फिलिमन के बनावे आ फाइनेंस करे में लागल कंपनी सी पी आई मूवीज आ ओकर कर्ताधर्ता सुजीत तिवारी खातिर आभार जतवलसि. अशोक पंडित गुट एह बाबत ट्रेड पत्रिकन में बाकायदा विज्ञापन देके आपन बात कहलसि.

जाने जोग बा कि चुनाव में सी पी आई मूवीज अशोक पंडित गुट के खुलेआम समर्थन कइले रहुवे. चुनाव में २४ में से १८ गो जगहा अशोक पंडित गुट के मिलल. खुद अशोक पंडित एसोसिएशन के प्रेजिडेंट चुनइले. मराठी आ भोजपुरी फिलिमन से जुड़ल सुजीत तिवारी के कहना बा कि, अशोक पंडित गुट में कर्मठ लोग के भरमार बा, जे निर्देशकन के हित में हमेशा आगे रहेला. एही चलते उ एह गुट के आपन समर्थन दिहले. एसोसिएशन में अइसने लोग होखे के चाहीं जे अपना सदस्यन के कठिनाई समुझे आ ओकरा के दूर करे. अशोक पंडित गुट के आभार जतवला का बात पर सुजीत तिवारी कहलन कि ई त ओह लोग के बड़प्पन ह. अशोक पंडित के तारीफ़ करत कहलन कि अशोक पंडित फिलिम उद्योगे में ना समाज सेवा आ सामाजिक सरोकारो में हमेशा आगे रहेलें. उमेद जतवलन कि उनकर सी पी आई मूवीज फिल्म निर्देशकन आ एसोशियेशन के बीच पुल के काम करी.

सुजीत तिवारी के कहना ह कि फिल्म निर्देशन एगो कला ह आ फिलिम के सारा दारोमदार निर्देशकन का कान्ह पर रहेला. अगर ओह लोग के दिक्कत आइल त एकर असर फिलिमो पर पड़ेला. भोजपुरी के बीसन फिलिम परोस चुकल सी पी आई मूवीज हमेशा फिलिम आ एहसे जुड़ळ लोगन के धेयान रखले बा आ एही चलते आजु सी पी आई मूवीज आ सुजीत तिवारी के निर्विवाद छवि फिलिम निर्माण क्षेत्र में बा, उनकर मानना ह कि कवनो फिलिम छोट भा बड़ ना होखे. फिलिमन से जुड़ल हर इंसान के बरोबरी के सम्मान मिले के चाहीं. एही चलते उ फिलिम निर्मान में आवे वाला आर्थिक कठिनाई दूर क के ओकरा के सिनेमाघरन ले चहुँपावे के बीड़ा उठवले. उनुके कोशिश से बहुते फिलिम रिलीजो भइली सँ आ निकहा बिजनेसो कइली सँ.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up