pub-4188398704664586

निर्देशक असलम शेख के मिलल नजीर हुसैन सम्मान

by | Jun 12, 2010 | 0 comments

चर्चित फिल्म निर्देशक असलम शेख के पहिलका नजीर हुसैन सम्मान पिछला दिने आगरा में आयोजित भोजपुरी सम्मेलन में दिहल गइल. पिछला दू साल से ऊ लगातार सर्वश्रेष्ठ भोजपुरी फिल्म निर्देशक के अवार्ड जीतत चलल आवत बाड़न. एह सब का अलावे असलम शेख के आज की आवाज संस्थो उनका निर्देशित फिल्म परिवार खातिर सर्वश्रेष्ठ निर्देशक के पुरस्कार दिहलसि.

आगरा में आयोजित भोजपुरी सम्मेलन में दुनिया भर के पन्द्रह हजार से ज्यादा भोजपुरियन का बीचे सम्मेलन के अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी, उपाध्यक्ष प्रेम शुक्ला आ मनोज तिवारी का मौजूदगी में असलम शेख के सम्मानित कइल गइल. एह खातिर भोजपुरी सिनेमो जगत उनका के बधाई दे रहल बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586