पंकज केसरी कइले प्यार जिन्दाबाद

by | Jun 21, 2010 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा में जबरदस्त लोकप्रियता हासिल कइला का बाद पंकज केसरी अब साउथ के फिलिम करे में व्यस्त बाड़न. बतवलन कि तेलुगु के एगो फिलिम प्रेमा जिन्दाबाद में काम कर रहल बाड़न जवन कि एगो बेहतरीन प्रेमकथा हऽ. एगो गरीब नवजवान के एगो अमीरजादी से मुहब्बत हो जात बा. ई फिलिम भोजपुरियो में बनावल जा रहल बा जवना के नाम रही प्यार जिन्दाबाद.


साउथ में काम करे के अपना अनुभव का बारे में बतियावत पंकज केसरी कहले कि ओहिजा के लोग समय के बड़ा पाबन्द होला. ओहिजा काम करे के अगो अलगे रोमांचक अनुभव होला. सबेरे छवे सात बजे से शूटिंग के काम शूरु हो जाला. ओहिजा के तकनीशियन अवव्ल दरजा के होले. कहले कि ऊ त अपना के भाग्यशाली मानेले कि उनका साउथ का फिलिम में काम करे के मौका मिलल जहाँ निर्देशक से ले के कैमरा मैन तक, युनिट के हर सदस्त अपना काम में माहिर होला.

पंकज साउथ के एगो अउरी फिलिम में काम कर रहल बाड़े जवना के नाम बा, बी ग्रुप. ई एगो थ्रिलर फिल्म हऽ जवना के नायक सिस्टम का खिलाफ लड़त बा.

पुछनी कि अब का भोजपुरी फिलिम खातिर समय निकाल पायब त पंकह कहले कि बेशक. बतवले कि उनकर दर्जनो भोजपुरी फिलिम आवे वाली बाड़ी स. हीरो हीरालाल, तेजाब, त्रिनेत्र, नथुनिया पर गोली मारे, जुदाई वगैरह शामिल बा.


(स्रोत : खालिद)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up