pub-4188398704664586

पत्रकार से हीरो बन गइलें धर्मेन्द्र खरवार

by | Apr 7, 2010 | 0 comments

Dharmendra Kharwarपिछला साल के बड़हन हिट फिल्म उमरिया कइलीं तोहरे नाम में सहनायक के भूमिका में आइल रंगकर्मी धर्मेन्द्र खरवार अपना नृत्य आ अभिनय से दर्शकन के ध्यान अपना ओरि खींचे में सफल रहलन. धर्मेन्द्र खरवार के अभिनय कैरियर भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन के फिलिम भूमिपुत्र से शुरु भइल रहे. अबही धर्मेन्द्र अश्वनी पिक्चर्स के बैनर में बनत हिन्दी फिल्म जय छठी मईया में सहनायक के भूमिका कर रहल बाड़े.

धर्मेन्द्र खरवार के अभिनय कैरियर के अगिला चरण फिल्म के नायक का रुप में शुरु होखे जा रहल बा. भोजपुरी फिल्म चंदासूरज में ऊ नायक का रुप में आवेवाला बाड़न. फिल्म के शूटिंग जल्दिये कुशीनगर, आ पडरौना का अगल बगल का खूबसुरत लोकेशन पर होखे वाला बा.


(स्रोत : कपिलदेव खरवार)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586