भोजपुरी सिनेमा के नं० 1 अदाकारा पाखी हेगड़े लगातार दुसरका साल भोजपुरी अवार्ड के बहिष्कार कइली.
एह बारे में पूछला प पाखी कहली कि उ कवनो अवार्ड के मोहताज नइखी. कहली कि उनका वइसन सम्मान ना चाहीं जवन टैलेंट देख के ना बलुक आपसी संबंध का आधार पर दिआत होखोॆ
जाने जोग बात बा कि एह साल पाखी के ‘गंगादेवी‘ फिलिम खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरस्कार ला नामित कइल गइल रहुवे. बाकि ना त उनका के ऑफिशियल नेवतल गइल ना ही आयोजक उनका के नामिनेशन के जानकारी दिहलें. पछळा सात साल से भोजपुरी सिनेमा में लगातार नं० 1 नायिका रहल पाखी के कहना बा कि अवार्ड भरोसाजोग ना रहला का चलते उ भोजपुरी फिल्म अवार्ड में गइले बंद क दिहले बाड़ी.
(प्रशांत निशांत)
(२८ दिसंबर १३)