बीना आई. एस.सी. मूवी के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम “प्यार तोहसे करीले” क संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के अंधेरी में एम.फार.यू. स्टूडियो में निर्माता बाबू त्यागी नारियल तोड़ के कइलन. एह मौका पर बाबू त्यागी बतवलन कि ई उनकर तिसरकी फिलिम ह. एहसे पहिले ऊ मनोज तिवारी स्टारर ‘अंधा कानून‘ आ पवन सिंह स्टारर ‘बीर बलवान‘ बना चुकल बाड़न.
“प्यार तोहसे करीले” एगो रोमांटिक फिलिम होई जवना के नायक रहीहें पवन सिंह. निर्देशन राजू जी करत बाड़म. सह निर्माता अजय कुमार, गीत-संगीत विनय बिहारी के, छायांकन एस. जहांगीर के, आ लेखक एस.के. चौहान हउवें.
मुहूर्त के मौका पर अनेके गणमान्य लोग मौजूद रहल. एहमें विनय बिहारी, पवन सिंह, जगदीश शर्मा, बबलू सोनी, पाखी हेगड़े, शुभी शर्मा, ब्रजेश त्रिपाठी, आनंद मोहन, संजय भूषण पटियाला, मनोहर एस. झा, संतोष, अभिलाषा, दीपक भाटिया, मनीष चतुर्वेदी, मंटू लाल, माया यादव, हीरा यादव, मनोज हंसराज, गोपाल राय वगैरह शामिल रहले.
(संजय भूषण पटियाला)