pub-4188398704664586

प्रदर्शन ला तइयार ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’

by | May 23, 2014 | 0 comments

NirahuaHindustani-posterभोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव के पचासवीं फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ अब रिलीज ला तइयार बा.

पिछला दिने एह फिलिम के ट्रेलर यूट्यूब प जारी क दिहल गइल बा.

निरहुआ इंटरटेनमेंट आ राहुल खान प्रोडक्शनस् के बैनर तर बनल आ निर्माता प्रवेशलाल यादव अउर राहुल खान के एह फिलिम में निरहुआ संगे नया नायिका बनल बाड़ी आम्रपाली आ साथे बाड़न संजय पाण्डेय, अयाज खान, किरण यादव, संजय वर्मा, आशा शर्मा, संजय, गोपाल राय, रत्नेश, अउर पाखी हेगड़े.

निर्देशन के कमान सतीश जैन सम्हरले बाड़न. गीतकार प्यारेलाल यादव आ संगीतकार राजेश-रजनीश हउवन.

एह फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ में निरहुआ के केन्द्रीय भूमिका बा.


(प्रशान्त-निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586