KisanKhadariya-DurgaMajumdar-Ramakant
जानल मानल फिलिम फाईनेंसर दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ ‘भोजपुरी सिटी’ ट्रेड मैगजिन के किसन खदरिया अउर मशहूर निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद के फिलिम ‘प्यार किया तो डरना क्या’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम शुरू हो गइल बा.

एकर शूटिंग नेपाल में करावल गइल बा. दुर्गा प्रसाद मजूमदार के कंपनी आदि शक्ति इंंटरटेनमेंट, किशन खदरिया के नवेन्दु मल्टी मिडिया आ रमाकांत प्रसाद के कुमारी माई मूवीज के बैनर तले बनत एह फिलिम से पहिला बेर ई तीनो दिग्गज एक साथे जुड़ल बाड़ें.

फिलिम में राकेश मिश्रा अउर काजल राघानी आ पुनम दूबे के मुख्य भुमिका बा. संगीत ह दुर्गा नटराज के.

कहल जात बा कि दुर्गा प्रसाद मजूमदार, किसन खदरिया अउर रमाकांत प्रसाद के एह फिलिम के दर्शकन के भरपूर प्यार मिली.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: