pub-4188398704664586

फेरु आवत बा भउजाईयन के लहूरा देवर

by | Oct 24, 2010 | 1 comment

एह साल के सबले बड़ हिट “देवरा बड़ा सतावेला” में देवर बनके दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करे वाला सुपर स्टार पवन सिंह एक बेर फेरु देवर भाभी में देवर के किरदार कर रहल बाड़े. एह फिल्म में उनकर भउजाई बनल बाड़ी मशहूर अदाकारा पाखी हेगडे.

एह फिल्म में पवन सिंह के किरदार एगो निफिकिर नौजवान के बा जेकर भईया भउजी शहर में रहेलें आ ऊ बाकी परिवार का साथे गाँव में. दुर्भाग्य से ओकरा भाई के मौत हो जात बा आ भउजाई बनल बीना गाँवे आ के घरवालन के बिना बतवले अपना देवर का सुधार करे में लाग जात बाड़ी. भउजाई का संगति में आ के देवर सुधर जात बा आ एगो जिम्मेदार आदमी बन जात बा.

फिल्म में देवर भउजाई के नोंक झोंक आ मस्ती देखेवालन के भरपूर मनोरंजन करी. फिल्म में पवन सिंह के नायिका नेहा कपूर बनल बाड़ी. देवर भाभी फिल्म से पवन बहुते उत्साहित बाड़न आ उनका पूरा उम्मीद बा कि ई फिल्म दर्शकन के खुब पसन्द आई आ हिट होखी. पाखी हेगडे का साथे उनकर अभिनय यादगार बा आ दर्शक एह फिल्म के बरिसन याद रखीहें.

देवर भाभी छठ का मौका पर रिलीज होखे वाली बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    देवर – भाभी के नेहिया, बड़ी बेजोड़ लागेला !
    जइसे गंगा के , पनिया हिलोर मारेला !!
    देवर -भाभी के रिश्ता बड़ी पवित्र रिश्ता ह .लेकिन गीत -गवनई में इहे पवित्र रिश्ता फूहड़पन के रूप धारण कर लेवेला.
    एह फिल्म में देवर -भाभी के कवन रिश्ता देखावल जाई.फिल्म देखला के बाद पता चली .
    गीतकार
    ओ.पी .अमृतांशु

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586