“बाज़ीगर” के पहिला झलक

by | Aug 30, 2014 | 1 comment

Bajigar-poster
तिरुपति बालाजी मोशन्स पिक्चर्स प्रा॰ लि॰ के भोजपुरी फिलिम ‘बाज़ीगर’ के पहिला झलक पिछला दिने जारी क दिहल गइल. जल्दिए रिलीज होखे वाली एह फिलिम में भोजपुरी के दू गो सुपरस्टार अपना अभिनय के बाजीगरी देखइहें. रवि किशन आ पवन सिंह के जोड़ी वाली जतने फिलिम आइल बाडी सँ सगरी सुपर हिट रहल बाड़ी सँ. अबकी ई बारी ‘बाज़ीगर’ के बा.

निर्माता पवन सिंह के एह फिलिम के निर्देशक सनोज मिश्रा बहुते बढ़िया से बनवले बाड़न. दर्शकन ला एहमें रोमाँस, एक्शन, ड्रामा सबकुछ देखे के मिली. निर्माता के कहना बा कि बाकी भोजपुरी फिलिमन से अलग बनल एह फिलिम में दर्शक बहुते कुछ नयापन देखीहें.

मुख्य कलाकारा हउवें रवि किशन, पवन सिंह, शुभी शर्मा, बृजेश त्रिपाठी, अलीना शेख, संजू सोलंकी, कृष्णा कन्चित, सीमा सिंह, पायल कोटंगी, अभिषेक गिरी, राजू रसिया, नीलम पाण्डेय, माधुरी पाण्डेय, सचिन भोसले आ संचिता श्रीवास्तव.

अलीना शेख एह फिलिम से अपना कैरियर के शुरूआत करत बाड़ी आ फिलिम में रविकिशन के नायिका बनल बाड़ी.

सह निर्माता शाहनवाज खान, प्रवरसेन येसंबरे अउर अमोल सखरकर, ईपी जीतू सिंह, डीओपी नीतू इक़बाल सिंह, संगीतकार मधुकर आनंद, कोरिओग्राफर कानू मुखर्जी, एक्शन मास्टर हीरालाल यादव आ आर्ट निर्देशक भास्कर तिवारी हउवें.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

1 Comment

  1. suryajit

    Nice hai

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up