बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचावत सितारन से आगा निकललें खेसारी

by | Jul 13, 2013 | 0 comments

sapoot-khesariभोजपुरी सिनेमा के आलोचकन के नींद हराम हो गइल बा काहे कि एगो भोजपुरिया ‘सपूत’ बॉक्स ऑफिस के हिसाबे किताब बदल दिहलसि. ई सपूत खेसारीलाल यादव हउवें जे ना सिरिफ भोजपुरी सिनेमा के गिरती साख बचा लिहले. ओकरा के एगो तेजीओ थमा दिहले. ‘सपूत’ फिलिम सफलता के नया कीर्तिमान बना दिहलसि आ एह साल 2013 के पहिला छमाही के सबले बड़का ओपनिंगवाली फिलिम बन गइल बा. एहसे संजोग से सितारा बन गइल कहाए वाला खेसारी लाल के आजु क्राउड पुलर आ स्टार एक्टर कहल जाए लागल बा. खेसारी के अगिला फिलिम ‘तेरी कसम’ अपना रिलीज का पहिलही सभतर चरचा में आ गइल बा. पिछला दिने प्रेमांशु सिन्हा के निर्देशन में बनत फिलिम ‘जिगर’ का सेट पर, संक्रमण स्टूडियो में, खेसारीलाल यादव से भेंट भइल आ ओही बातचीत के कुछ हिस्सा एहिजा पेश बा :

कहत बा लोग कि भोजपुरी सिनेमा के बहुते खराब समय चलत बा. राउर राय का बा?
जिनकल फिलिम पिटा जाले उनका ल त दौर खराबे होला बाकिर ई फिल्मोद्योग के पैमाना ना होखे. ‘सपूत’ त साल 2013 के सबले बड़ ओपनिंग लिहलसि त फेर कइसे कहल जाव कि दौर खराब बा. फिलिम बढ़िया बने आ ओहमें मनोरंजन के मसाला होखो त ज़रूरे चली.

राउर त पहिलके फिलिम धमाल मचा दिहले रहल आ आजु ले ऊ दौर जारी बा. एकर श्रेय केकर?
‘साजन चले ससुराल’ हमार पहिला फिलिम रहे आ बड़हन हिट भइल बाकिर तबहियो हम सिरिफ फिलिमवालन ला नया रहली. अभय सिन्हा जब हमरा के ‘साजन चले ससुराल’ ला साईन कइलन ओह समय ले हम ऑडियो आ म्यूजिक वीडियो के शाहनशाह बन चुकल रहीं. एहसे ‘साजन चले ससुराल’ के सफलता के एक श्रेय हमरा परिश्रम आ लगनो के जाला.

लोकगायकन के हीरो बनावे के परम्परा भोजपुरी सिनेमा में कायम बा. रउरा ओकरे अगिला कड़ी हईं. गायक ना रहतीं त फिलिमन में अइतीं?
अइसन ना रहे कि फिलिमे में आवे ला हम गावल शुरू कइले रहीं. हम त तब से गावत रहीं जव बचपन में भईंस चरावे जाइल करीं. फेर गाँवे गाँव गावे लगनी. सिलसिला बढ़ल त शहरो-शहर. बाद में ऑडियो सीडी-एमपी थ्री में हमार गीत आवल शुरु भइल आ हम लोकप्रिय हो गइनी. जे हमरा के ना जाने उहे कही कि हम संयोग से एक्टर बन गइनी. हमरा भीटर एगो समर्पित कलाकार मन रहे जवन बी.एस.एफ. (सीमा सुरक्षा बल) के नौकरी छवे महीना में छोड़वा दिहलसि.

अगर एतना लगाव रहे गावे-बजावे के त फेर सीमा सुरक्षा बल में गइबे काहे कइनी?
हम सारण (छपरा) जिला के एकमा प्रखंड के रसूलपुर चट्टी का बगल के धानाडीह गाँव के हईं. गाँव में तीन सौ घर यादव बाड़े बाकिर शायदे केहू फौज भा कवनो दोसरा बड़हन विभाग में नौकरी करत होखी. हम आ हमरा दोस्त के ताव आइल कि गांव के नाम रोशन कइल जाव, कुछ कमाल देखावल जाव. हमनी दुनु के पर्सनालिटी सॉलिड रहल से हम बी.एस.एफ में चुना गइनी आ ऊ आर्मी में. हम त वापिस भाग अइनी अपना गावे-बजावे का दुनिया में बाकि ऊ अबहींओ आर्मी में बा.

अइला का बाद कतना अलबम कइनी आ कवनो रिकार्ड तोड़ हिट रहल कि ना?
पचास से ऊपर म्यूजिक वीडियो हमार आ चुकल बा आ लगभग सब हिट भइली सँ. एगो गाना त अइसन हिट रहल कि ओकरा के बारह लाख लोग अपना रिंग टोन खातिर डाउनलोड कइल. गीत के मुखड़ा रहल – ‘पियवा रहेला हमार सऊदी ए भउजी…..’

फिलिम में अइला पर अभिनय के बारीकि कइसे सिखनी? डांस-फाईट?
पचास गो म्यूजिक वीडियो करत-करत केहूओ लाईट-कैमरा-एक्शन के माहिर त होइए जाला. चार दिन डांस सिखनी आ दिलीप यादव से तनिका स्टंट. बस हो गइल तइयारी. म्यूजिक वीडियो में त डांस करही के होखेला से नया लउकत खेसारी अंदर से पूरा तइयारी में रहल.

आवते स्टार बन गइनी आ फिलिम लगातार हिट होत गइली सँ. अब राउर का ज़िम्मेदारी बन ता? लगातार फिलिम साईन करत जाए के आ कि ….?
ई त हमार खुशकिस्मती बा कि हमार आठ के आठो फिलिम सफल भइली स. ‘सपूत’ त नया रिकार्डे बना दिहलसि. अब हम पहिले से अधिका चौकस बानी. कहानी पर ध्यान देत रहीलें कि कहीं कवनो गलत फिलिम मत कर लीं.

स्टारन के नाजोनखरा से निर्माता-निर्देशक परेशान रहेलें. राउर व्यवहार कइसन होला?
हम निर्देशक के कलाकार हईं. रउरा जइसन चाहीं करवा लीं. कादोओ पाँकी में लेटे के तइयार रहीलें बशर्ते पटकथा मांगत होखे.

अपना फिलिमन के ब्यौरा दीं?
जवन रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ ओहमें ‘साजन चले ससुराल’, ‘जान तेरे नाम’, ‘देवरा पे मनवा डोले’, ‘दिल ले गईल ओढ़निया वाली’, ‘नागिन’, ‘लहू के दो रंग’, ‘लाल दुपट्टा मलमल का’ अउर‘सपूत’ शामिल बा. आजु आप ‘जिगर’ के सेट पर आइले बानी अउरी आवेवाली फिलिमन में ‘दूध का कर्ज’, ‘प्यार झुकता नहीं’ आ ‘संसार’ बा.

आज के सीन का ह?
हम पुलिस हिरासत में बानी आ शुभि शर्मा हमरा से भेंट करे आइल बाड़ी. दोसरका सीन में हम शुभि के लेके अस्पताल जात बानी जहाँ दोसरा ओर से खलनायक राज प्रेमी ओ आवत बाड़े. ‘जिगर’ के निर्देशक हउवें प्रेमांशु सिन्हा.

‘सपूत’ के चरचा त रिलीज क बाद भइल बाकिर ‘तेरी कसम’ त प्रदर्शन के पहिलही से सुर्खियन में बा. आखिर का बा एह फिलिम में?
‘तेरी कसम’ एगो थ्रिलर लव स्टोरी ह जवना के अनिल सिनकर एकदम नया अंदाज़ में बनवले बाड़न. फिलिम में ताजगी बा आ सिनकर जी के निर्देशन त कमाल के बा. हो सकेला कि ई फिलिम सपूतो से आगा निकल जाव.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up