मितवा प्रोडक्शन हाउस के बैनर तले बनत “भईल तोहरा से प्यार – आई लव यू” के शूटिंग के दुसरका दौर पूरा हो गइल बा. सगरी शूटिंग मुंबई के खूबसूरत आ रमणीय जगहन पर भइल बा.
लेखक, गीतकार अउर निर्माता हउवन धर्मेन्द्र कुमार मौर्य, निर्देशका आ सिनेमैटोग्राफर शाद कुमार, सहनिर्माता असरफ अली अउर राम आशीष चौहान, संगीतकार राउल अउर पाल कानपुरी, आ नृत्य निर्देशक राम देवन अउर ज्ञान सिंह हउवें.
मुख्य भूमिका में विनय आनंद, गुंजन पन्त, राजीव दिनकर, सिमरन, आनंद मोहन, कंचन अवस्थी, अभिलाषा, देव मल्होत्रा, बालगोविन्द बंजारा, मेहनाज़ श्राफ, संतोष कुमार यमराज, सीमा सिंह, मास्टर फरहान अउर बेबी फारिया बाड़ी. नवोदित अभिनेता पंकज विश्वकर्मा एह फिलिम से अपना फिल्मी पारी के शुरूआत करत बाड़ें.
(रामचंद्र यादव)