भोजपुरी के चर्चित खलनायक बिपिन सिंह अइसे त हरमेसे अपना अभिनय आ किरदार से चर्चा में रहेलें बाकिर एने कुछ महीना से बिपिन सिंह अपना मजगर अदाकारी से खलनायकी के मैदान में बहुते चर्चा बटोरत बाड़ें.
पिछला दिने रिलीज “मायाजाल” आ “चरणो की सौगंध” फिलिमन में बिपिन सिंह के अभिनय देख के सगरी दर्शक उनुका अभिनय के सरहात बाड़ें आ बधाई देत बाड़ें.
बिपिन सिंह अभिनीत “महालंठ”, “प्यार मोहब्ब्त जिन्दाबाद”, “ठोक देब” जइसन बड़ बजट वाला फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ. “ठोक देब” फिलिम में बिपिन सिंह, नीलिमा सिंह,अक्षरा सिंह तीनो जने एके फ़िलिम में अपना अपना किरदार के परदा प जीयत नजर अइहें. एह फिलिम में बिपिन सिंह विलेन के रूप में आ नीलिमा सिंह महिला विलेन के रूप में लउकीहें.
(रामचंद्र यादव)
0 Comments