भोजपुरी फिलिमन प लागल फूहड़पन के दाग धो दी ‘डमरू’

by | Jan 16, 2018 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा पर फूहड़पन ले के हमेशा अंगुरी उठत रहेली सँ. एही अछरंग के मेटावे धोवे के कोशिश करत आवत बा बाबा मोशन पिक्‍चर्स जे भगवान आ भक्त के कहानी प अपना बनल फिलिम ‘डमरू’ से ई काम करी. भोजपुरी सिनेमा से दूर होखत दर्शकन के धारणा फेरु पवित्र करे ला गंगाजल के काम करी फिलिम डमरू. हालही में एह फिलिम के जारी भइल पोस्‍टर देखि के त अइसने लागत बा. वइसे त भगवान आ उनुका भगति के परंपरा सदियन से चलल आवत बा बाकिर मौजूदा हालात में परिवेश का ह्साब से भक्ति आ श्रद्धा के अइसने कहानी लेके आई बहुचर्चित भोजपुरी फिलिम ‘डमरू’.

एह फिलिम के पोस्‍टर के भव्‍यता लोगन के अपना ओरि खींचे में कामयाब होखी. पोस्टर में सुपरस्‍टार खेसारीलाल यादव त्रिशुल लिहले माथ पर चंदन लगवले नजर आवत बाड़न. अधिकतर फिलिमन में विलेन बन के आवे वाला अवधेश मिश्रा डमरू में भगवान के आधुनिक रूप में लउकत बाड़न. पोस्‍टर बाबा भोलेनाथ के आवरण में बनावल गइल बा जवन अपना आप में अलगे बा. भोजपुरिया संस्‍कार आ संस्‍कृति पर बनल एह फिलिम में मनरंजन आ हँसी मजाको भरपूर बा. फिलिम में ईश्‍वर के अस्तित्‍व के आजु का समय के जीवनशैली से जोड़ के देखावल गइल बा.

पोस्‍टर रिलीज का बाद ‘डमरू’ के बारे में बतियावत निर्माता प्रदीप कुमार शर्मा आ निर्देशक रजनीश मिश्रा कहलें कि जब केहू कवनो उम्‍मीद आ विश्‍वास का साथे अपना भाषा, संस्‍कृति अउर संस्‍कार लेके फिलिम बनावेला त समाजो के जिम्‍मेवारी होला कि एह काम के देखे आ सराहे जोग होखे त भरपूर सराहे. नीमन लागे त एकरा प चरचा जियावें. तबहिंये फिलिमकारन के हौसला बढ़ी आ ऊ नीमन फिलिम बनावे के हिम्मत करीहें. दुनु जने उमेद जतवलें कि ‘डमरू’ फिलिम भोजपुरी सिनेमा इंडस्‍ट्री में बढ़िया बदलाव ले के आई आ भोजपुरी सिनेमा पर से फूहड़पन के अछरंग हटावल जा सकी.


(रंजन सिन्‍हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up