भोजपुरी सिनेमा के हालचाल

by | Jul 10, 2010 | 0 comments

रिंकू घोष के डबल धमाल

पिछला दिने एकही दिन रिंकू घोष के दू गो फिल्म बिहार में रिलीज भइल आ दुनु सुपर हिट साबित भइल बा, तू ही मोर बालमा में रिंकू एगो शहरी कालेजिया तितली बनल बाड़ी जेकरा पाछा चार गो लड़िका प्यार ले के पड़ल बाड़न. एही में फिल्म के हीरो प्रवेशो लाल यादव शामिल बाड़न. दोसरका फिल्म बलिदान में रिंकू के भूमिका एगो संघर्षरत महिला के बा जेकरा पति के हत्या कर दिहल जात बा.

दुनु फिल्मन में रिंकू के भूमिका के तारीफ हो रहल बा. आ एह तरह पर साल के सर्वश्रेष्ठ नायिका रहल रिंकू डबल धमाल कर देखवले बाड़ी.

Read in detail on CineBhojpuri.com….

जब भोकार पार के रो पड़ली रानी चटर्जी

पिछला दिने साँवरिया आई लव यू का डबिंग का दौरान रानी चटर्जी नारी उत्पीड़न का एगो सीन देखते अतना भावुक हो गइली कि थोड़ही देर में भोकार पाड़ के रो दिहली. उनकर रोवल देख सभकर आँख भर आइल. डबिंग रोक दिहल गइल आ बहुत समुझवला पर उनकर रोवाई रुकल तब जा के फेर से डबिंग शुरु करावल गइल.

Read in detail on CineBhojpuri.com….

संजय पाण्डे के तुलना विनोद खन्ना से

हिन्दी सिनेमा के सफल खलनायक से सफल नायक तक के सफर करे वाला विनोद खन्ना आ शत्रुघ्न सिन्हा से तनी अलग भोजपुरी सिनेमा के सफल खलानायक संजय पाण्डे खलनायक रहते में नायक जइसन ख्याति अर्जित कर रहल बाड़न. उनका के पारम्परिक विलेन से अलगा मानल जाला, उनका पर नायक का तरह गाना फिल्मावल जाला.

संजय पाण्डे के सफलता के आलम ई बा कि एह साल उनकर दर्जन भर फिल्म रिलीज हो रहल बा. अब तक के उनकर हर फिल्म सुपर हिट रहल बा. विनोद खन्ना से तुलना पर संजय के कहनाम बा कि सुने में त नीक लागेला जब लोग अतना बड़ स्टार से उनकर तुलना करेला बाकिर उनकर अभिनय शैली विनोद खन्ना से तनिको प्रभावित नइखे.

Read in detail on CineBhojpuri.com….

म्यूजिक अलबम वेलकम काँवरिया में शिव बनलन निरहुआ आ पाखी उनकर पार्वती

निरहुआ म्यूजिक के प्रस्तुति अलबम वेलकम काँवरिया का एगो गाना में निरहुआ शिवजी बनल बाड़न त पाखी उनकर पार्वती. असली नाग का साथे अभिनय प्रस्तुति के जोखिम उठवला खातिर निरहुआ के प्रशंसा हो रहल बा त ममतामयी माँ पार्वती के किरदार में साक्षात पार्वती जइसन पाखीओ के किरदार के चर्चा बा.

विस्तार से पढ़े खातिर सिने भोजपुरी पर जाईं.

मैनेजमेंट के कोर्स कर के सिनेमा में अइले सोम यादव

अभिनय का जुनून में भदोही से साइकिल चला के बनारस तक आवे जाये वाला अभिनेता सोम यादव थियेटर से अभिनय शुरु कर के अपना गुरु नीलकमल चटर्जी का कहला पर मुंबई आ गइले. एहिजा नादिरा का साथे जुड़ के करीब दू दर्जन नाटक में काम कइले. एही बीच करीब दू दरजन एड फिल्मो कइले. निर्देशक इकबाल बख्श के नजर पड़ल त हम हईं मुन्ना भईया में सेकंड लीड फेर दिल तोहरे प्यार में पागल हो गइल में लीड रोल मिल गइल. एकरअ अलावे सोम यादव मुकाबला आ राम लखन में नायक का भूमिका में बाड़े.

विस्तार से पढ़े खातिर सिने भोजपुरी पर जाईं.

असलम शेख के नया सफलता

बिदाई आ परिवार जइसन सफल फिल्मन के निर्देशक रहल असलम शेख का माथे एगो अउरी फिल्म के सफलता हाथे आइल बा. जितेश दूबे के प्रस्तुति रितेश ठाकुर के निर्माण तू ही मोर बालमा के हाल फिलहाल के सबले सफल फिल्मन में गिनल जा रहल बा. एही फिल्म से कलुआ जइसन गायक अरविन्द अकेला कल्लू अभिनेता बन के आइल बा.

विस्तार से पढ़े खातिर सिने भोजपुरी पर जाईं.

वीरप्पन के शादी में सितारन के भीड़

भोजपुरिया वीरप्पन विकास सिंह, जे मनोज तिवारी के बिजनेस मैनेजरो हउवन, के शादी पिछला दिने सिवान जिला के जसौली में प्रिया सिंह का साथे भइल त एह मांगलिक अवसर पर उनका के बधाई देबे खातिर भोजपुरी सिनेमा के तीन गो सुपर स्टार मनोज तिवारी, दिनेशलाल यादव निरहुआ, आ पवन सिंह का साथ सुर संग्राम के पूरा टीम आ महुआ चैनल के मशहूर एंकर अजीत आनन्द मौजूद रहले.

विस्तार से पढ़े खातिर सिने भोजपुरी पर जाईं.

सत्यमेव जयते : एगो गुणात्मक फिल्म

निर्माता अनिल सिंह व भोजपुरी फिल्म जगत के मशहूर निर्देशक बबलू सोनी के फिल्म सत्यमेव जयते बिहार में ९ जुलाई के रिलीज हो रहल बिया. नायक रविकिशन, भ्रष्ट राजनेता रणधीर सिंह, बाहुबली अनुपम श्याम आ नवोदित नायिका अक्षरा के ई फिल्म साफ सुथरा आ संदेशपरक बतावल जा रहल बिया.

विस्तार से पढ़े खातिर सिने भोजपुरी पर जाईं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up