मनोज तिवारी आ राजकुमार पांडे पहिला हाली ‘देवरा भईल दीवाना’ फिलिम से एक साथ

by | Sep 12, 2013 | 0 comments

मनोज तिवारी

मनोज तिवारी

भोजपुरी सिनेमा के दू गो दिग्गज पहिला हाली एक साथ आइल बाड़ें. मेगा स्टार मनोज तिवारी आ मेगा निर्देशक राजकुमार पांडे अपना नयका फिलिम ‘देवरा भईल दिवाना’ से एक साथ आइल बाड़ें. एह फिलिम में ‘जीना तेरी गली’ फेम युवा स्टार प्रदीप पांडे ‘चिंटू’ ओ के खास भूमिका बा. मनोज तिवारी के नायिका बाड़ी पाखी हेगड़े आ प्रदीप पांडे के नायिका काजल राघवानी.

साईदीप फिल्म्स के बैनर तले बनत ई फिलिम राजकुमार पांडे के पचीसवीं फिलिम ह. पहिला बेर राजकुमार पांडे निर्देशित फिलिम में काम कइला से खुश मनोज तिवारी के कहना बा कि राजकुमार पांडे के हर फिलिम का तरह इहो फिलिम सफल होखी. आ राजकुमार पांडे के कहना बा कि भोजपुरी सिनेमा के आईकॉन मनोज तिवारी संगे पहिले काम ना कर के ऊ बहुत कुछ मिस कंइलें. राजकुमार पांडे के उमेद बा कि अब मनोज तिवारी, पाखी हेगड़े आ प्रदीप पांडे ‘चिंटू’ के केमिस्ट्री ज़रूर भोजपुरी सिनेमा के नया दिशा दी.

‘देवरा भईल दिवाना’ फिलिम में मनोज तिवारी, प्रदीप पांडे ‘चिंटू’, पाखी हेगड़े, काजल राघवानी, बृजेश त्रिपाठी, रितु पाण्डे, के.के. गोस्वामी, सूर्य द्विवेदी, मन्टू लाल, संजय पांडे, अवधेश मिश्रा, अमर ज्योति, गोपाल राय, वंदिनी मिश्रा आ सीमा सिंह मुख्य भूमिका में बा लोग.

निर्माता, निर्देशक, कहानीकार आ संगीतकार राजकुमार पांडे, गीतकार विनय बिहारी, राजकुमार आर. पांडे, अउर कवि प्यारे लाल, कैमरा फिरोज खान. नृत्य पप्पू खन्ना, कानू मुखर्जी अउर रिक्की गुप्ता, आ संवादलेखक संतोष मिश्रा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up