‘महाबली’ मनमोहन तिवारी 9 मई से बिहार में

by | May 10, 2014 | 0 comments

Mahabali - poster
हरफन मौला कलाकार आ हर तरह के किरदार जियतार बना देबे वाला माहिर अभिनेता मनमोहन तिवारी 9 मई से बिहार आ झारखंड के सिनेमाघरन में ‘महाबली’ फिलिम के जरिए आपन मौजूदगी दर्ज करावे जात बाड़न.

ग्लोबल पिक्चर्स के परोसलएह फिलिम ‘महाबली’ के टायटल रोल में मनमोहन तिवारी दर्शकन के सोझा होखीहें. नायिका बाड़ी प्रीति सिंघानिया. निर्माता अरविन्द कुमार आ निर्देशक वेदांत विश्नोई हउवन.

छोटका परदा से घर घर में आपन पहचान बनवला का बाद बड़को परदा पर सामने आ चुकल बिहार के भोजपुरी माटी के ई लाल मनमोहन तिवारी अपना अभिनय के दम पर अपना पहिलके फिलिम ‘रानी चली ससुराल’ से सभे प जादू क दिहले रहलें.

मनमोहन तिवारी छोटका परदा के रियलिटी शो ‘राखी का स्वयंबर’ से घर-घर में आपन हाजिरी बनवला का साथ ही बहुते धारावाहिक, जइसे कि जमुनिया, आरक्षण, प्रतिज्ञा, होंगे न हम जुदा, अनामिका, क्राइम पेट्रोल, सावधान इंडिया वगैरह में अभिनय कइले बाड़न. आजुओ सोनी टी वी के चर्चित धारावाहिक ‘सावधान इंडिया’ आ ‘क्राईम पेट्रोल’ का साथ ही दूरदर्शन पर सोमवार से शुक ले रोज रात 8:30 बजे प्रसारित होखत धारावाहिक ‘पवित्र बंधन’ में अपना अभिनय के जादू बिखेरत बाड़न.


(रामचंद्र यादव)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up