डी.एस. फिल्म इंटरटेनमेंट के बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम ‘घुस के मारब’ में शिवम तिवारी एगो ज़ोरदार एक्शन रोल में नजर अइहें. पुलिस इंसपेक्टर बनल शिवम तिवारी एहसे पहिले फिलिम फौजी ओ में अपना अभिनय के जबरदस्त परिचय दे चुकल बाड़ें.
‘घुस के मारब’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम ज़ोर धइले बा. शिवम तिवारी के उमेद बा कि ई फिलिम उनुका कैरियर के मील के पत्थर साबित होखी.
(समरजीत)