BalamBalwanऐ.ऐ.ऐ एंटरटेनमेंट फिल्म्स के बैनर में बने जात भोजपुरी फ़िलिम ‘बलम बलवान’ निर्देशक मिथिलेश अविनाश के नया धमाका बा. नयका साल में एह फिलिम के शूटिंग फरवरी से उत्तर प्रदेश के देवरिया में कइल जाई.

एह फिलिम के नायक बाड़े विनय आनन्द. फिलहाल एकरा गाना के रिकार्डिंग के काम मुंबई में चलत बा. फिलिम में कुल दस गो गाना बाड़ी सँ जवना के उदित नारायण, कल्पना, मोहन राठौर, सोनाली, ममता, अनामिका, आ प्रियंका गवले बाड़ी. ई फ़िलिम पूरा से रोमांटिक आ एक्शन भरल ड्रामा हवे.

निर्माता अब्बास अली अंसारी, लेखक ऐबी मोहन, निर्देशक मिथिलेश अविनाश, गीतकार विनय बिहारी, राजेश मिश्रा, अशोक सिन्हा, अउर मुन्ना दुबे, संगीतकार छोटे बाबा, नृत्यगुरू संतोष सर्वदर्शी, छायांकार डी .के .शर्मा, आ फाइट मास्टर छोटे यादव हउवे. .

मुख्य कलाकारन मे विनय आनंद, कल्पना शाह, राज कपूर शाही, पलक, आ अब्बास अली अंसारी के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: