बिहार में सफलता के इतिहास बनावे वाली आ निर्माता डा॰सुनील के चर्चित भोजपुरी फिल्म दामिनी मुंबईओ में गजब के शुरुआत करवले बिया. पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म मुबंई का बीस गो सिनेमा हाल में एक साथे रिलीझ कइल गइल.
२५ तारीख के मुंबई में रिलीज से पहिले अँधेरी का फेम एड लैब में भोजपुरी सिनेमा के दिग्गजन के ई फिल्म देखावल गइल त सबकेहू एकर तारीफ कइलसि. फिल्म में रानी चटर्जी दामिनी नाम के एगो घरेलू महिला दामिनी के किरदार कइले बाड़ी जवना पर गाँव के दबंग शाहबाज खान के वासना भरल निगाह बा. ऊ दामिनी के पति (विनय आनन्द) के मरवा देत बा आ दामिनी पर तरह तरह के अत्याचार करत बा. दामिनी किरिया खा लेत बिया कि अपना साथे भइल हर अत्याचार के ऊ बदला ले के रही आ एह काम में ओकर साथ देत बाड़े विराज भट्ट.
प्रेम आ बदला पर आधारित एह फिल्म के संगीतो बहुते बढ़िया बा. निर्देशन मनोज नारायण आ शानू के बा जबकि गीत संगीत श्याम देहाती के.
(स्रोत : उदय भगत)