KasamVardiKe
निर्माता कांतिलाल पी मारू आ निर्देशक दिनेश यादव के फिलिम “कसम वर्दी की” मुंबई में सफलता के जश्न मनावत बिया. आ एह जश्न में शामिल बाड़े देखे वाला दर्शको लोग.

मुंबई के हर सिनेमा घर में, जहाँ कसम वर्दी की देखावल जात बा, फिलिम हाउसफुल के बोर्ड लगा के चलत बावे. मुंबई के मयूर सिनेमा घर में फिलिम के कलाकार पहुँच के दर्शकन के मनोरंजन कइले, बतियवले, सलाह मँगले आ कहले कि नीक लागल होखे त दुबारा अपना परिवार संगे देखे आईं.


(शशिकांत सि्ह, रजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: