मृत्युंजय में मोनालिसा के आयटम डांस

by | May 26, 2010 | 0 comments

भोजपुरी के चर्चित अदाकारा मोनालिसा प्रवेश सिप्पी के बनावल भोजपुरी फिल्म मृत्युंजय में पहिलका बेर आयटम डांस कइले बाड़ी. फिल्मिस्तान स्टूडियो के फ्लोर नं ५ पर लगावल शानदार सेट पर एह आयटम डांस के शूट कइल गइल. एही सेट पर एश्वर्या राय, माधुरी दीक्षित, शिल्पा शेट्टी समेत बहुते अदाकारा डांस प्रस्तुत कर चुकल बाड़ी. खास बात बा कि एह सेट पर पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म के शूटिंग भइल.
Monalisa as an Item dancer in Mrityunjay
नृत्यनिर्देशक कानू मुखर्जी के कोरियोग्राफ कइल एह डांस में मोनालिसा के संगत देबे खातिर डेढ़ सौ डांसरन के लगावल गइल रहे. एह मौका पर मोनालिसा के बधाई देबे खातिर फिल्म के मुख्य नायिका रिंकू घोष सिलवासा में चल रहल आपन दोसरा फिल्म के शूटिंग छोड़ के चहुँपल रही. संजोग से ओहि दिन फिल्म के निर्माता प्रवेश सिप्पी के जनमोदिन रहुवे, से उनकरो बर्थडे केक सेट पर काटल गइल. ताली का गड़गड़ाहट का बीच प्रवेश सिप्पी केक के पहिला टुकड़ा निर्देशक जगदीश शर्मा के आ दुसरा टुकड़ा फिल्म के खलनायक संजय पाण्डे के खिअवलन. रिंकू आ मोनालिसा त पुरा केके प्रवेश सिप्पी का चेहरा पर रगड दिहल लोग.

मृत्युंजय में दिनेशलाल यादव आ रिंकू घोष मुख्य भूमिका में बा लोग.साथ में बाड़े मनोज टाइगर, संजय पाण्डे, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय वगैरह कलाकार. गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के लिखल बा आ संगीत धनंजय मिश्रा दिहलें बाड़ें. लाइन प्रोड्यूसर आशीष गुप्ता हउवें. कथा पटकथा नईम एजाज आ जगदीश शर्मा के ह आ संवाद लिखले बाड़ें सुरेन्द्र मिश्रा. एक्शन राम शेट्टी के, डांस रिक्की गुप्ता आ तेजस दत्तानी के, आ कैमरा संचालन राजू के जी के बा. प्रोडक्शन डिजायन सागर शुक्ला के बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up