‘लड़ब मरते दम तक’ 26 जुलाई से बिहार में रिलीज भइल

by | Jul 30, 2013 | 0 comments

LMDT-3‘लड़ब मरते दम तक’ बिहार आ झारखण्ड में एके संगे तीस गो सिनेमाघर में पिछला 26 जुलाई के शानदार ढंग से रिलीज कर दिहल गइल. फिलिम देखे ला उत्सुक बड़हन भीड़ सबेरही से सिनेमाघर का बहरी खड़ा रहे. सिनेमा देख के निकलत लोग के चेहरा पर संतोष के भाव लउकत रहल कि चल पईसा वसूल हो गइल.

दुर्गा फिल्म्स के बैनर तले बनल एह भोजपुरी फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ में दर्शकन के विराज भट्ट के एक्शन फेर देखे के मिलल. एह फिलिम के परोसले बाड़ी सुनीला मिश्रा, निर्माता हउवें संजय कुमार मिश्रा आ निर्देशन जीत चटर्जी के बा फिलिम पूरा तरह से एक्शन, मनोरंजन से भरपूर आ साथ सुथर पारिवारिक फिलिम बावे जवन बाकी भोजपुरी फिलिमन से हट के बा. पूरा परिवार एकरा के एक साथ बइठ के देख सकेला काहे कि एहमें कवनो फूहड़पन नइखे.

फिलिम के कहानी गुमराह करे वाला दरिन्दर पर बा जे अपना लालच खातिर गरीबन के कुछ पइसा दे के मौत के मुँह में ठेल देलें. एह कहानी में किडनी गिरोह के पर्दाफाश भइल बा.

कलाकारन में विराज भट्ट, शुभम तिवारी, सुप्रेरणा सिंह, सीमा सिंह, सुदेश कौल, दीपक सिन्हा, के.के. गोस्वामी, उमाकांत राय, अनुपमा श्रीवास्तव वगैरह खास भूमिका में बाड़ें. लेखक के. मनोज सिंह, संगीतकार लाल सिन्हा, गीतकार अरविन्द तिवारी, बिपिन बहार, फणीन्द्र राव आ अशोक सिन्हा, एक्शन हीरा यादव, नृत्य संजय कोर्वे, संकलन जीतेन्द्र सिंह ‘जीतू’ अउर कैमरामैन श्यामल चक्रवर्ती हउवें.


(समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up