विनय आनन्द सुपर स्टार बन गइलन

by | Jun 15, 2010 | 0 comments

चर्चित निर्माता डा॰सुनील कुमार के फिल्म दामिनी के मिलल अपार सफलता आ बम्पर ओपनिंग विनयो आनन्द के भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टारन का कतार में ले आ के खड़ा कर दिहलस. फिल्म में विनय आनन्द के अभिनय आ उनका पर फिल्मावल गीतन के जम के तारीफ हो रहल बा.
Vinay Anand and Rani Chatterjee in Bhojpuri Film Damini
वइसे त विनय आनन्द अपना पहिलके फिल्म चाचा भतीजा से सुपर स्टार का कतार में शामिल हो गइल रहलें बाकिर बाद में उनका कुछ गलती का वजह से उनका से ई पदवी छीना गइल रहे. अब दामिनी उनका के फेर से मौका दिहले बिया. इहो संजोगे बा कि चाचा भतीजा फिल्मो के निर्माता डा॰सुनीले रहलें जिनकर निर्माण दामिनी हवे.

अब बड़का निर्माता विनय आनन्द के चक्कर लगावे लागल बाड़न बाकिर विनय आनन्द फेर ऊ गलती दोहरावल नइखन चाहत जवन पहिला बेर कइले रहन. अपना कैरियर के सँवारे खातिर ऊ डा॰सुनील के जम के तारीफ करत कहलन कि डा॰सुनील एगो हरफनमौला इंसान हउवें जिनका फिल्म निर्माण आ ओकरा सफलता खातिर जरुरी हर चीज के भरपूर जानकारी बा. विनय आनन्द इहो कहलन कि ऊ कबो मनोज तिवारी, रविकिशन, भा निरहुआ के बराबरी ना कर सकस. ई सब लोग उनका बड़ भाई जइसन बा. कहलन कि दस हजार लोग का कार्यकुशलता से आजु भोजपुरी सिनेमा तरक्की कर रहल बा आ उनको जिम्मेदारी बढ़ गइल बा. जब दर्शक उनका से आशा करत बाड़े त उनको दायित्व बा कि ऊ भोजपुरी सिनेमा के बेहतरी खातिर काम करस.

विनय आनन्द भलही हिन्दी फिल्म का बाद भोजपुरी में अइले बाकिर उनका पहिचान मिलल भोजपुरिये सिनेमा से. बिहार आ यूपी के दर्शकन के तहे दिल से धन्यवाद करत विनय आनन्द कहलन कि ई दर्शक उनका खातिर भगवान जइसन बाड़े. पिछला शुक के रिलीज भइल दामिनी एकतालिसो जगहा से सौफीसदी कलेक्शन कर देखवलस आ हर वर्ग के दर्शक फिल्म के सराह रहल बाड़े.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up