पिछला दिने क्लासिकल फिल्म्स के भोजपुरी फिलिम ‘कसम वर्दी के’ के शूटिंग चांदीवली स्टूडियो (मुंबई) में चलत रहल. नायक बाड़ें विराज भट्ट. अब विराज भट्ट नाम लिहनी त एकर सीधा मतलब होला धूम-धड़ाका, ढिशुम-ढिशुम! लेकिन, एहिजा कूछ अउर नजारा चलत रहुवे. विराज ‘ही मैन’ से रोमियो बन चुकल रहलें. देखनी कि जींस पर हरियर आ करिया चेक के फुल शर्ट पहिनले बाड़न, करिया चश्मो लगवले बाड़न आ गर्दन में पट्टा, माफ करीं, गमछो लहरात बा. हारमोनियम पर भाड़ा के आशिक जस रोमांटिक पींग हांकर रहलें अयाज खान, लेकिन ई चम-चमात लड़िकी कवन ह, जेकरा ला दिवाना भइल जात बाड़न विराज भट्ट? अरे ई त ग्लोरी हई. ग्लोरी?? बड़ा चमकीला नाम ह तबहिए नू अतना चकाचौंध पैदा करत बाड़ी कि निकहा बांका जवान (विराज) ओकरा पीछे लट्टू होखत बा.
भई ई माजरा का ह ? त फिलिम ह ‘कसम वर्दी के’ आ सीन चलत बा रोमांस के. सीधे निर्देशक दिनेश यादव का लगे चहुँपली त ऊ बतवलें कि ‘कसम वर्दी के’ एगो एक्शन-थ्रिलर ह. जवना का मूल में बदला के कहानी बा. खीस में भा कुछ कर गुजरे का ताव में इंसान जब कवनो किरिया खा लेला त अइसनका में कवनो बंदिश ना होखे. आपके मन कि कब कवना चीज के निशाना पर ले ले. बदला लेबे के सभकर आपन अंदाज होला. हमरा फिलिमों में आप सगरी कुछ नया अंदाज में देखब, एह सीन में विराज असल में ग्लोरी पर दीवाना नइखन बस सभे आपन आपन दाँव फेंके का फिराल में बा.
निर्माता हउवें कांतिलाल पी. मारू जे पुरान रुस्तम हउवें. एक जमाना में राजेश खन्ना, परेश रावल, शफी ईनामदार संगे रंगमंच पर सक्रिय रहलें. एक बेर दिनेश यादव के फिलिम ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ देख लिहलें त तय कर लिहलें कि दिनेश यादव के निर्देशक में एगो फिलिम बनावहीं के बा आ फेर बने लागल ‘कसम वर्दी के’ के योजना. पत्रकार से निर्देशक बनल दिनेश यादव के ई फिलिम पूरा तरह से एगो साफ सुथर मसाला फिलिम होखी.
‘कसम वर्दी के’ में कलाकारन के पूरा फौज बा. कहे के त वर्दी के कसम बा बाकिर पूरा फिलिम में विराज भट्ट कबो वर्दी पहिनलही नइखन. बाकी बात त बस सिनेमाघरे में सोझा आ पाई. नायिका बाड़ी मोनालिसा आ उनुको भूमिका अलबेला बा. एह लोग का बीच एगो मदन मोहनो बाड़ें आ आमने सामने बाड़ें नम्बर वन खलनायक संजय पांडेय, अवधेश मिश्रा आ अयाज खान. एहलोग के अलावे आनंद मोहन, मनोज टाईगर, प्रकाश जैस, प्रिया शर्मा, रत्नेश वर्णवाल, तेज यादव, आ किरन यादव के अलावे सीमा सिंह, सम्भावना सेठ आ ग्लोरी के आईटम नम्बर बा. गीतकार बाड़ें प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती, संगीतकार प्यारेलाल यादव, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, आ कहानीकार बाड़ें. लालजी यादव.
बिहार के मोतिहारी आ मधबनी आ अब मुंबई में शूटिंग का साथही एह फिलिम के शूटिंग अब पूरा हो गइल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा..
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)