Villain-Awadheshबिहार के मशहूर फिलिम वितरक आ निर्माता विधायक डाक्टर सुनील के नइकी फिलिम ‘विलेन’ उनका पिछला फिलिमन का तरहे बिहार में कामयाबी के झंडा गड़ले बिया. पचास सिनेमाघरन में रिलीज भइल एह फिलिम के हर जगहा शानदार कामयाबी मिलल बा.

‘चाचा भतीजा’ आ ‘दामिनी’ समेत अनेके कामयाब फिलिमन के निर्माता डाक्टर सुनीक के फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ पिछला साल के सबले कामयाब फिलिम रहे.

‘विलेन’ फिलिम के टायटल रोल मे अवधेश मिश्रा का साथे एह फिलिम में प्रियंका पंडित, के.के. गोस्वामी, आनंद मोहन, अनामिका, दीपक सिन्हा, सीमा सिंह, अरुशी खान आ रिंकू घोषो बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: