विश्व भोजपुरी सम्मेलन में भोजपुरिया डॉन

by | Apr 25, 2010 | 1 comment

हिन्दी सिनेमा में डॉन बने वाला अमिताभ बच्चन आ शाहरुख खान का बाद अब भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी भोजपुरिया डॉन में डॉन बने जा रहल बाड़न. एह फिल्म के निर्माण राकेश कोहली आ निर्देशन रवि सिन्हा करीहें. पिछला दिने एह फिल्म के म्यूजिक अमिताभ बच्चन के जुहू आवास का लगे बनल एला बैंक्वेट हॉल में ताली के गड़गड़ाहट का बीचे जारी कइल गइल. संगीत जारी करावल गइल विश्व भोजपुरी सम्मेलन के संयोजक आ महाराष्ट्र के प्रशासनिक अधिकारी रह चुकल सतीश त्रिपाठी का हाथे. सतीश त्रिपाठी बतवलें कि अगिला महीना २१ से २३ मई का बीच आगरा में अगिला विश्व भोजपुरी सम्मेलन आयोजित होखी जवना में भोजपुरिया डॉन के स्पेशल स्क्रीनिंग करावल जाई. इहो पहिला बेर होखी कि कवनो फिल्म विश्व भोजपुरी सम्मेलन में देखावल जाई.

संगीत रिलीज का मौका पर अखबार दोपहर का सामना के संपादक प्रेम शुक्ला भोजपुरिया डॉन के जमके बड़ाई कइलन आ कहलन कि ई फिल्म भोजपुरी सिनेमा के एगो नया राह देखाई. एह मौका पर दुर्गा प्रसाद, संजय सिन्हा, मोनिका सिन्हा, राजकुमार आर पाण्डे, आनन्द गहतराज, विष्णू शंकर वेलू, प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती, आ किशन खदरिया समेत बहुते दिग्गज मौजूद रहलें.

कहानी के कुछ कुछ संकेत देत बतावल गइल कि एह फिल्म में डॉन का पीछे २२ मुल्कन के पुलिस ना बलुक ओहिजा के डॉन पड़ीहें. सिस्टम का खिलाफ बगावत करे वाला जाबांज भोजपुरिया डॉन साबित कर देखाई कि भोजपुरिया जवान अगर अपना पर आ जाव त निमना निमना के छुट्टी करा दीहि.

एह फिल्म में मनोज तिवारी का साथे मोनालिसा, स्वाति वर्मा, निराली नामदेव, रजा मुदार, अली खान, गजेन्द्र चौहान, गोपाल राय, आ अवधेश मिश्रा के खास भूमिका बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Loading

1 Comment

  1. sanjay singh

    i filim ke muhurat 3 saal pahile bhail rahe …aur du saal se filim banke taiyaar baa… kehu kharide khaatir taiyaar naikhe .. ab music riliz kaila se sambhav ba koi kharidaar mil jai

Leave a Reply to sanjay singh

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up