pub-4188398704664586

वेब म्यूजिक के मकसद ह लोग के पसंद के खयाल राखल – कुमार गौतम

by | Mar 17, 2013 | 0 comments

kumarGautamऊ नवजवान हउवें, कविता प्रेमी हउवे आ संगीत के नस के समझहुँ वाला. बात होखत बा संगीत कंपनी वेब के मालिक कुमार गौतम के. बिहार के मुजफ्फरपुर में बचपन बितावे वाला कूमार गौतम जानल मानल निर्माता आ वितरक डा. सुनील संगे मिल के बतौर को-प्रोड्यूसर बनावे जात बाड़न ‘जीवन युद्ध’ नाम के फिलिम. जाहिर बा कि एह जोड़ी से भोजपुरी सिनेमा के नया दिशा मिली. अपना फिलिम ‘रंग ली चुनरिया तोहरे नाम’ से पवन सिंह के लांच करे वाला कुमार गौतम अब ‘जीवन युद्ध’ के नायक बनवले बाड़न चर्चित गायक राकेश मिश्रा के. एहिजा पेश बा कुमार गौतम से भइल बातचीत के कुछ टुकड़ाः

कहल जाला कि वेब म्यूजिक के कुमार गौतम जतना पत्थर तरशलें सगरी भोजपुरी संगीत जगत में बेशकीमती हो गइलें.
हम गायकन में गायकी के जुनून देखीले. हमार टीम नया नया गायकन के प्रमोट करेले आ चाहेले कि भोजपुरी संगीत आ एलबम क दुनिया में धूम मच जाव.

सिर्फ इहे मकसद बा, कामर्शियल कुछ ना?
कामर्शियल मकसद त बड़ले बा. बाकिर पहिला मकसद रहेला नया नया पत्थर तराशल. तबो ई कहल गलत होखी कि हमार मकसद कामर्शियल ना ह.

रउरा गायकन के लेके प्रयोगो करीलें?
करबे करीलें आ एकर बेहतर परिणामो मिलेला. स्टेज शो में सफल रहे वाला गायक हमनी के प्रयोगो में सफल होखेलें.

आजु “वेब” के क्षेत्रीय संगीत के नम्बर वन कंपनी मानल जा ता. जाहिर बा कि एहमें आपके मेहनतो साफ लउकेला.
हमनी का नम्बर गेम में ना रहि के देखे सुनेवालन के पसंद के खयाल राखीलें. आ एहमें हम अकेले ना, पूरा टीम मेहनत करेले.

बाकिर “वेब” पर एगो आरोपो लागेला कि ई खाली बिहारी गायकन के प्रमोट करेले ?
अइसन नइखे. हमनी का टैलेंट देखीलें. संगीत के प्रति समर्पण खोजीलें. बाकिर इहो सही बा कि बिहारी गायक पूरा दुनिया में कामयाब होखेलें जबकि यूपी के गायक प्रदेश से आगा ना चल पावस. मनोज तिवारी आ निरहुआ एकर अपवाद हउवें. बाकिर तबो हमनी का उत्तर प्रदेश के अनेके गायकन के प्रमोट कइले बानी.

शम्मी कुमार सानिया, अन्नू दुबे, पवन सिंह, कलुआ आ अब राकेश मिश्रा. का कहब राकेश मिश्रा क बारे में?
राकेश मिश्रा कमाल के गायक हउवन, पूरा बिहार में उनुका एलबमन के धूम बा. बतौर एक्टरो ऊ काम खातिर समर्पित बाड़न.

डाक्टर सुनील जइसन बड़हन निर्माता संगे को-प्रोड्यूसर के रूप में जुड़ल बानी. का कहब डा. सुनील के बारे में?
डाक्टर सुनील का बारे में जतनो कहाई कमे रही. ऊ निर्माता का संगही वितरको हईं आ जानीलें कि फिलिम के सफलता खातिर का चाहीं. एहीसे उनकर ‘जीवन युद्ध’ फिलिम के प्रस्ताव हम तुरते मान लिहनी. उनुकरे एगो फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ के संगीत अतना बढ़िया लागल कि फिलिम बने से पहिलहीं ओकर म्यूजिक राइट वेब खरीद लिहलसि. एकर संगीत डा॰ सुनीले के कंपनी विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के बा.

गौतम जी, आज जब भोजपुरी फिलिमन के संगीत में कवनो कंपनी रुचि नइखी लेत सं त फेर ‘प्रेम दिवानी’ के संगीत खातिर एतना दिवानगी काहे ?
बहुते बढ़िया सवाल पूछनी, आजु के भोजपुरी फिलिमन में हिन्दी फिलिमन के संगीत दिहल जात बा, केहू मेहनत करही के नइखे चाहत. एही से संगीत कंपनी मुँह फेर लेत बाड़ी सँ. ‘प्रेम दिवानी’ के संगीत में मधुरता आ ठेठ भोजपुरियापन बा. एहीसे एकर गाना रिकार्डिंग के तुरते बाद एकर संगीत अधिकार खरीद लिहली.

भोजपुरी संगीत जगत में रउरा मार्केटिंग नेटवर्क के बहुते तारीफ होला.
हमनी के पूरा मार्केटिंग टीम बइठेला प्रोजेक्ट के आकलन करे खातिर. फेर उनुका के टार्गेट देके गाँव कस्बा ले चहुँपावल जाला. हमनी का छोटको डीलर के ओतने इज्जत करीला जतना बड़कन के.


(शशिकांत सिहं)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586