शाहरुख़ जइसन भूमिका में अवधेश मिश्रा

by | Jul 1, 2010 | 0 comments

बरसो पहिले शाहरुख़ खान के एगो फिल्म आईल रहुवे डर. एह फिल्म में शाहरूख के किरदार प्यार में पागल एगो मनोरोगी के रहुवे. कुछ अइसने किरदार भोजपुरीओ में नज़र आवे वाला बा.

भोजपुरी के सबसे लोकप्रिय खलनायक आ भोजपुरिया बैडमेन का नाम से मशहूर अभिनेता अवधेश मिश्रा जल्दिये प्यार में पागल मनोरोगी का भूमिका में नज़र अइहें. अमेरिकन कंपनी पन फिल्म्स के भोजपुरी फिल्म जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में में अवधेश मिश्रा फिल्म ला हीरोइन शिखा से पागलपन का हद तक प्यार करत बाड़े. ओने शिखा रवि किशन से प्यार करत बाड़ी. अपना प्यार शिखा के पावे खातिर अवधेश बहुते खून खराबा करत बा बाकिर जइसन कि फिल्मन में अमूमन होला हिरोइन आखिरकार हीरोवे के मिलत बिया.

अवधेश कहतारे कि फिल्म के निर्देशक धीरज कुमार उनका किरदार के जीवंत बनावे खातिर ढेरे मेहनत कइले बाड़न. अमेरिकन तकनीक से बनल भोजपुरी के एह पहिलका फिल्म जरा देब के संगीत आजु काल्हु बहुते लोकप्रिय हो रहल बा. राजेश रजनीश का संगीत से सजल एह फिल्म के गीतकार विनय बिहारी, श्याम देहाती आ प्यारेलाल हउवें. फिल्म में तीन गो आइटम सोंग बा जवना के सीमा सिंह, तस्लीम, आ कोमल ढिल्लन पर फिल्मावल गइल बा.

फिल्म एही महीना बिहार में रिलीज़ होखे जा रहल बिया.


(स्रोत : उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up