सिनेमा का दुनिया से….

by | Aug 19, 2010 | 0 comments

२० अगस्त के रिलीज हो रहल बा लहरिया लूटऽ ए राजा जी

आजु २० अगस्त से निर्माता निर्देशक राजकुमार पाण्डे के म्यूजिकल रोमांटिक एक्शन फिल्म लहरिया लूटऽ ए राजा जी रिलीज हो रहल बा. फिल्म में रविकिशन आ पाखी हेगडे के हिट जोड़ी बा.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


मनोज तिवारी आ निरहुआ पहिला बेर भेटइहें रणभूमि में

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ भोजपुरी किंग सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के जोड़ी पहिला बेर यशी फिल्म्स प्रा॰लि॰ आ कैपिटल फिल्म्स प्रा॰लि॰ का बैनर में बनत फिल्म रणभूमि में नजर आई लोग. एह फिल्म के भोजपुरी फिल्मन के मशहुर निर्माता अभय सिन्हा आ हिन्दी फिल्म के मशहूर निर्माता टी॰पी॰अग्रवाल मिल के कइले बाड़े आ निर्देशन अनिल अजिताभ के बा.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


भोजपुरिया डॉन मनोज तिवारी के सिक्का फेर चला दिहलसि

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी के सिक्का बिहार में फेर से चल निकलल बा. रमजानो का महीना में भोजपुरिया डॉन देखे खातिर दर्शकन के भारी भीड़ उमड़ पड़ल. कई गो सिनेमाहॉलन में त सबेरे दसे बजे चारो शो के बुकिंग एडवांसे में पूरा हो जात रहे. लोग के भीड़ अइसे उमड़ल कि बुझाव जइसे कवनो मेला लागल बा. कई बेर त सिनेमा देख के निकलत भीड़ मनोज तिवारी जिन्दाबाद के नारा लगावत निकलत रहे.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


पाखी के अभिनय देख शोले वाली बसन्ती याद आ जाई

हिन्दी फिल्म शोले के बसन्ती के चुलबुलापन रउरा भुलाइल ना होखब. बसन्ती के उहे मस्त मौला जिनिगी, बातचीत के स्टाइल आ बिंदास अंदाज एक बेर फेर रउरा सोझा आवे जा रहल बा आ अबकी भोजपुरी सिनेमा का परदा पर. भोजपुरी फिल्म लहरिया लूटऽ ए राजा जी में पाखी हेगडे ठीक वइसने भूमिका कइले बाड़ी जे नायक का पाछा पड़ल रहत बिया आ ओकरा के अपना अंदाज से परेशान से कइले रहतिया.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


पवन सिंह आ आलोक कुमार के जोड़ी धूम मचा दिहलसि

भोजपुरी दिलन के धड़कन सुपर स्टार पवन सिंह आ भोजपुरिया दर्शकन के नब्ज चिन्हे वाला निर्माता आलोक कुमार के जोड़ी अपना भोजपुरी फिल्म भईया के साली ओढ़निया वाली से बिहार में सिनेमाघरन में दर्शकन के बाढ़ लिआ दिहले बिया. फिल्म के ओपनिंग एतिहासिक रहल बा.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up