सिनेमा का दुनिया से….

दिनो दिन बढ़ते जात बा निरहुआ ला दिवानगी

भोजपुरी के किंगस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ खातिर दर्शकन के दिवानगी दिन पर दिन बढ़ले जात बा. हालत अइसन हो गइल बा कि सिनेमाघर का बहरी जनसैलाब उमड़ पड़त बा जब निरहुआ के कवनो फिल्म लागत बा ओहिजा. एही दिवानगी के नजारा पिछला दिने देखे के मिलल जब उनकर फिल्म मृत्युंजय रिलीज भइल.

ईद का मौका पर पूरा देश में १५० सिनेमाघरन में एके साथ रिलीज भइल मृत्युंजय के देखे ला हर जगहा बड़हन जनसैलाब उमड़ पड़ल चाहे ऊ सिनेमाघर बिहार में रहे, भा यूपी में, भा मुंबई जइसन कास्मोपोलिटन में. एही फिल्म का साथे सलमान खान के दबंग फिल्मो रिलीज भइल रहे आ ओकरो सोझा भोजपुरी फिल्म मृत्युंजय बरोबरीए के कलेक्शन बिटोरलसि. मुंबई के नवरंग आ भिवण्डी के सिनेमाघरन में उमड़ल भारी भीड़ देख २० साल पहिले के हिन्दी फिल्म प्रेमियन के याद ताजा हो गइल.

भोजपुरी इलाकन में बालीवुड स्टारो से बेसी लोकप्रिय आ कई पायदान ऊपर बइठल निरहुआ मृ्त्युंजय के सफलता का साथे एह साल लगातार छह गो सफल फिल्म दे के एगो रिकार्डे बना दिहलसि. निरहुआ के अबले रिलीज सगरी फिलिम जोरदार कारोबार कइले बाड़ी स आ करीब आधा दर्जन फिल्म सिल्वर जुबिली मनवले बाड़ी स. मृ्त्युंजय में निरहुआ के अदाकारि देख के कहल जा सकेला कि दर्शक निरहुआ के जतना दिवाना बाड़े निरहुओ ओतने हकदार बाड़न ओह दिवानगी के. निरहुआ के सफलता पर सगरी इंडस्ट्री उनका तारीफ में जुटल बा.

निरहुआ के आवे वाली फिल्म बाड़ी स लोफररणभूमि. बेहिचक कहल जा सकेला कि उहो फिलिम एहले बेसी ना त अतने सफल रहीहन सँ.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


दिल के दस्तक २४ सितम्बर से
ऋषि इंटरनेशनल का बैनर में निर्माता अशोक गुप्ता के बनावल रोमांटिक एक्शन फिल्म दिल २४ सितम्बर के बिहार आ झारखण्ड का सिनेमाहालन में दस्तक देबे आ रहल बिया. भोजपुरी सिनेमाप्रेमियन के दिल के धड़कन नौजवान स्टार प्रवेश लाल यादव, जूनियर निरहुआ, आ हसीन अदाकारा पाखी हेगडे के जोड़ी वाली एह फिल्म में दर्शक एगो अनोखा प्रेम कहानी के दीदार करीहें.

दिल के निर्देशन एम आई राज कइले बाड़न आ एकरा में मनोरंजन के सगरी मसाला सही अनुपात में पड़ल बा. कालेजिया विद्यार्थियन के मौज मस्ती रोमांस आ एक्शन सब कुछ देखे के मिली एह फिल्म में. अउरी त अउरी प्रवेश लाल के एगो आयटमो डांस बा एह में. साथी कलाकारन में मनोज टाइगर, रितु पाण्डे, मेहनाज, अयाज खान, आ अवधेश मिश्रा जइसन मँजल मँजावल कलाकार शामिल बाड़े. संवाद एम के चौहान के, गीत प्यारे लाल यादव आ एम आई राज के, संगीत मधुकर आनन्द के बा. निर्माता अशोक कुमार के कहना बा कि दिल एगो कम्प्लीट पइसा वसूल फिल्म बिया जवना के दर्शक पसन्द करीहें. इहो बतवलन कि एगो सरप्राइजो पैकेट बा एह फिल्म में जवन दर्शकन के अचकचा दीहि.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


अभय सिन्हा आ पवन सिंह मिल के मचइहें धमाल
भोजपुरी सिनेमा के सिरमौर निर्माता अभय सिन्हा आ भोजपुरिया राजकुमार पवन सिंह मिल के भोजपुरी फिल्म तू जान हऊ हमार से धमाल मचावे जा रहल बा. फिल्म जल्दिये दर्शकन का सोझा आवे वाली बा. यशी फिल्म्स प्रा॰लि॰ का बैनर में बनल आ राजदीप सिंह के प्रस्तुति एह फिल्म के निर्देशन पप्पू खन्ना कइले बाड़न.

एह फिल्म में पवन सिंह के दोहरी भूमिका बा आ ऊ रोमांटिक आ एक्शन दुनु तरह का रोल में आइल बाड़न. रोमांटिक रोल में उनकर जोड़ीदार बनल बाड़ी हॉट आ हिट नायिका मोनालिसा जिनका साथे पवन सिंह जोरदार रोमांस देखवले बाड़न. साथ में बाड़े अवधेश मिश्रा, उपासना सिंह, आनन्द मोहन, के के गोस्वामी, सीमा सिंह, आ डांसिंग क्वीन संभावना सेठ का साथे भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह.

गीत विनय बिहारी के आ संगीत राजेश गुप्ता के ह. अंजनीकांत श्रीवास्तव एकर कार्यकारी निर्माता हउवें. अभय सिन्हा भोजपुरी के तमाम सुपर स्टारन का साथे फिल्म बना चुकल बाड़े.

अउरी जाने खातिर CineBhojpuri.com पर जाईं.


२४ सितम्बर से सभे कही साँवरिया आई लव यू
दामिनीजाबांज जिगरवाला के शानदार सफलता का बाद एक हालि फेर से दर्शकन के दिल जीते आवत बाड़न विनय आनन्द जिनकर फिल्म सांवरिया आई लव यू २४ सितम्बर से बिहार के प्रमुख थियेटरन में रिलीज होखे जा रहल बा. साथ में नायिका बाड़ी हॉट गर्ल रानी चटर्जी. विनय आनन्द आ रानी चटर्जी के जोड़ी दामिनीओ में खूबे पसन्द कइल गइल रहे.

साँवरिया आई लव यू के निर्माता हवें शंभू पाण्डे आ सी बी त्रिपाठी. प्रस्तुत कइले बाड़न मोहन दास आ निर्देशन रामपाल सिंह के ह. बिहार में एह फिल्म के जोरदार प्रोमोशन चलावल जा रहल बा. विनय आनन्द के कहना बा कि एह फिल्म में मनोरंजन के सगरी मसाला बावे, एक्शन, रोमांस, गीत, संगीत, इमोशन, आ कॉमेडी. दर्शक एहू फिल्म के खूब पसन्द करीहें.

अउरी जाने खातिर CineBhojpuri.com पर जाईं.


“धर्मा” के शानदार शुरुआत

फिल्म जगत में नया फिल्म के लांच करे के परंपरा बालीबुड में तकरीबन खतम हो चुकल बा बाकिर भोजपुरी सिनेमा में ई परम्परा आजुओ जारी बा. खास करे के रवि किशन के फिल्मन के लांचिंग हमेशा शानदार तरीका से होखल करेला. एही परंपरा के कायम राखत सौम्या फिल्म्स प्रा॰लि॰ का बैनर में आ कृष्णाजी के प्रस्तुति फिल्म धर्मा के मुहुर्त मुंबई के रेनेसेंस क्लब में करावल गइल.

निर्मात्री सुनीता भारती, निर्देशक सुशील उपाध्याय, आ लेखक मनोज हंसराज के एह फिल्म में रविकिशन आ रानी चटर्जी के रोमांटिक जोड़ी बा.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up