सुजीत तिवारी के बढ़िया पहल

by | Jul 9, 2013 | 0 comments

SujitTiwariसिनेमा भोजपुरी में संकट मोचन नाम से जानल जाए वाला मशहूर फिलिम फाइनेन्सर आ निर्माता सुजीत तिवारी बदहाली के दौर से गुजरत इंडस्ट्री के संकट से उबारे ला एगो बढ़िया पहल भोजपुरी फिलिम के निर्मातन से कइले बाड़न. सुजीत तिवारी ओह लोग से गोहार लगवले बाड़न कि अगर सिनेमाघर में दर्शकन के संख्या बढ़ावे क बा ओह लोग के सी फैक्टर पर काम करे के पड़ी.

एह सी फैक्टर का बारे में सुजीत बतवले कि भोजपुरी फिलिमन के ना चलला के कारण होला सी फेक्टर के अभाव. कहले कि फिलिमन में चार गो सी होला, कास्टिंग, कौस्ट्यूम, कोंनसेप्ट अउर कैमरा. भोजपुरी फिलिम बनावे वाला ना त किरदार मुताबिक कास्टिंग कर पावेलें, ना कौस्ट्यूम पर ध्यान देले. घिसल पीटल कहानी ले के कवनो कैमरा से शूट कर लेलें. इहे कारण बा कि आजु दर्शकन के प्यार भोजपुरी फिलिमन के नइखे मिलत. एहीसे सुजीत निर्माता लोगन से कहत बाड़न कि अगर एह सी फैक्टर पर ध्यान दिहल शुरू कर दीहें त बिना शक सिनेमा भोजपुरी के सुनहरा दौर फेरू शुरू हो जाई.

अपना सी पी आई मूवीज के बैनर से सुजीत तिवारी अनेके फिलिम परोसले बाड़न. उनुका आवे वाली फिलिमन में दूध का कर्ज, कच्चे धागे, जानी दुश्मन, प्रतिज्ञा २ अउर एगो मराठी फिल्म मध्यमवर्ग वगैरह शामिल बाड़ी सँ.

जानत चलीं कि पिछला दिने मुंबई के इस्कान मंदिर के सभागार में आयोजित एगो भव्य कार्यक्रम में आपकी आवाज़ फाउन्डेशन के अठवाँ प्रेस मीडिया अवार्ड में सुजीत तिवारी के सम्मानित कइल गइल.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up