RajkumarPandey-with-film-unitपिछला दिने भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्दशक राजकुमार पाण्डेय से उनुका फिलिम ‘सईया जी दिलवा मांगे ले’ का सेट पर भैंट भइल.कुछ बतियावहू के मौका मिलल. ओही बातचीत के कुछ बात एहिजा दिहल जात बा.
.
राउर एह फिलिम में नया कुछ का बा?
“सईंया जी दिलवा माँगे ले” में पवन सिंह कूली बनल बाड़े जेकरा एगो रईस परिवार के लड़िकी मोनालिसा से भेंट होखत बा. तकरार होखत बा. अमीरी गरीबी के फासला आवत बा. लवस्टोरी क्लाइमेक्स ले जात बा. कुली अपना अमीर प्रेमिका के पावे में लाग जात बा. विधायक बनल अवधेश मिश्रा आ पुलिस अफसर बनल शैलेन्द्र मिश्रा एह प्रेमी जोड़ा के बचावत आ प्रोटेक्ट करत बाड़ें.

रउरा फिलिमन के गीत हमेशा चरचा में रहेली सँ. अबकी का बा ?
हमार फिलिम सामाजिक, पारिवारिक होले बाकिर चूंकि हमनी का मनोरंजन बेचीले एहसे कुछ ना कुछ तोड़े जोड़े के पड़बे करेला. ओकरे जे हमनी का आयटम सॉंग का रूप में परोसीलें जेकरा के दर्शक थियेटर का पहिला सीढी पर बइठल सुनल पसंद करेले. एह फिलिम में कुल नौ गो गाना बा.

राउर फिलिम बिहार में खूब धमाल मचावत बाड़ी सँ. जनता से का कहल चाहब ?
हम दिल से जनता के आभारी बानी. भोजपुरिया समाज के तहे दिल से शुक्रिया देत बानी. समाज आ परिवार के देखे जोग फिलिम बनाइलें से लोग आर. आर. पाण्डेय कहल शुरू कर दिहले बा. एहले बड़ बात का हो सकेला?

‘जीना तेरी गली में’ बिहार में धूम मचावत बिया. कुछ कहब ?
बिहार में कई जगहा एकरा के रिलीज कइल गइल. एक शो माँ जानकी धाम में चैरिटी शो का रुप में देखावल गइल जवना पचास साल का सिनेमा भोजपुरी का इतिहास में पहिला बेर भइल. एह शो के आमदनी उत्तराखंड ला भेजल गइल. एगो डायरेक्टर का नाते हमरा ला ई बहुते बड़हन बात बा. एके साथ चार गो फिलिम रिलीज बइल रहुवे आ ओहमें हमरा फिलिम के लोग चुनल एकरा के आपन बड़हन उपलब्धि मानत बानी.

राउर अगिला प्रोजेक्ट?
अगस्त में शुरू होखी ‘देवरा भईल दीवाना’. एहमें मनोज तिवारी, पाखी हेगड़े, प्रदीप पांडे मुख्य भूमिका में होंखीहें.

मनोज तिवारी के लिहला के कवनो खास वजह?
फिलिम में ई किरदार बड़का भाई के बा जवन अपना छोटका भाई ला सब कुछ बा. हमरा लगे बहुते ऑप्शन रहल बाकिर मनोज तिवारी एह किरदार में फिट बइठले काहे कि एह ला एगो शालीन थिराइल पोढ़ व्यक्तित्व चाहत रहे जवन मनोज तिवारी में कुट-कुट के भरल बा. एह तरह के चैलेंजिंग रोल मनोज जी पहिला बेर करीहें.

बिहार में भइल मिड-डे मिल हादसा पर का कहब ?
हमहन का देश में हर चीझ टेकेन फॉर ग्रान्टेड लिहल जाला.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: