pub-4188398704664586

हैदर काजमी के ‘रियल डायनामिक एक्टर’ के अवार्ड मिलल

by | Jun 25, 2013 | 0 comments

awarding_Hyderभोजपुरी सिनेमा जगत में ‘रियल रंगबाज’ के नाम से मशहूर हैदर काजमी के अब एगो अउर नया नाम मिल गइल बा ‘रियल डायनामिक एक्टर’ के. हैदर काजमी के आपकी आवाज प्रेस एण्ड मीडिया उनुका फिलिम ‘कालिया’ में उनकर अभिनय खातिर ‘रियल डायनामिक ऐक्टर’ अवार्ड से पिछला 21 जून, 2013 से सम्मानित कइल गइल. एह मौका पर सुपर स्टार दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, पवन सिंह, खेसारीलाल यादव, नूरी शेख (लड़ाई फेम) अउर योगेश लखानी हैदर काजमी के बधाई देबे खातिर मौजूद रहलें.

फिल्म, सीरियल, भोजपुरी इण्डस्ट्री आ मीडिया के तमाम लोगो एह मौका पर मौजूद रहुवे. ओह में से कई लोग के सम्मानितो कइल गंइल. सबसे पहिले सुनील पाल, दिलीप सेन आ श्रवण राठौड के सम्मानित कइल गइल. फेर विनय आनंद, राहुल राय, मोनिका बेदी, योगेश लखानी, राजन वर्मा, ज़ेबा साजिद, सिंगर पूर्णिमा, सिंगर शबाब साबरी, टीपी अग्रवाल, नरेन्द्र गुप्ता, मीनाक्षी शर्मा, गिरीश वानखेड़े (सिनेमैक्स), डेंटिस्ट डा. वचन शेट्टी, दीपाली (पेनिनसुला ग्राण्ड होटल), अरुण बख्शी, आर.जे. आलोक, उषा मलासी, लिपिका वर्मा, सुदीप पाण्डे, वरुंदा, एकता जैन, दीपक रुइया, इकबाल परवेज, हरी कृष्णा, विकास राधेश्याम वगैरह ढेरे लोग के अलग-अलग क्षेत्र में ओह लोग के बढ़िया काम ला सम्मानित कइल गइल.

एह अवसर पर शबाब साबरी आ सुनील पाल अपना बेहतरीन परफारमेंस से लोग के दिल जीत लिहलें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586