HaiderKazmiभोजपुरी फिलिमन के रियल रंगबाज हैदर काजमी जबहिए कवनो काम करेले उ दोसरा से बहुते अलगा होला.

पिछला दिने आपन जनम दिन हैदर काजमी अपना पत्नी का साथे नक्सलाइट बेल्ट वाला जहानाबाद के अपना गांव पाली में मनवले. एह मौका पर उनकर मातो पिता मौजूद रहे लोग बधाई देबे ला.

हैदर काजमी कहले कि काम का चलते जनमदिनो मनावे के समय ना मिलत रहुवे बाकिर अबकी गाँव के लोग कहल कि एह बेर के आपन जनमदिन गाँवे प मनाव त हमहूं मान गइनी. खुशी एह बात के भइल कि ओही दिने हमार फिलिम “बिगुल” पटना में रिलीजो भइल.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: