अबकी के होली बिहार के भोजपुरी प्रेमियन ला खास रही काहे कि पहिला बेर सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आ शुभी शर्मा के फिलिम एह मौका प रिलीज होखी. एह फिलिम ‘चरणों की सौगंध’ में खेसारी-शुभी के जोड़ी धमाल मचावे ला तइयार बा. खेसारी एगो मोटर मैकेनिक बनल बाड़न त शुभी शर्मा बिगड़ैल रईसजादी. खेसारी के प्यार में पड़ला का बाद के बाद शुभी सुधर जात बाड़ी.
एह फिलिम में खेसारीलाल शानदार एक्शन करत लउकीहें त पहिला बेर शुभी शर्मा अतना हॉट भूमिका में. खेसारी-शुभी दुनू जने एह फिलिम ‘चरणों की सौगंध’ के सफलता ले के निश्चिंत बाड़े.
(प्रशांत निशांत)