२ जुलाई के रिलीज होखी जाबाँज जिगरवाले

by | Jun 26, 2010 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर चेहरा विनय आनन्द, सुशील सिंह, आ विराज भट्ट का शानदारी अदाकारी से सजल रोमांटिक एक्शन फिल्म जाबाँज जिगरवाले २ जुलाई के बिहार झारखण्ड के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा. दर्शना आर्ट्स का बैनर में बनल एह फिल्म के निर्माता दीपक अधिकारी आ लीलाधर नुएपेन हउवें आ निर्देशक निर्मल के॰सी॰.

एह फिल्म में विनय आनन्द एगो ईमानदार पुलिस अधिकारी के भूमिका कइले बाड़न. फिल्म में उनकर नायिका बाड़ी पुरजोना प्रधान. विराज भट्ट एगो फक्कड़ मशलमैन के भूमिका में बाड़े आ उनकर नायिका बाड़ी सोनाली जोशी. बाकिर बाहुबली सुशील सिंह जेकरा लगे धन, पावर, शोहरत सब कुछ बा उहो सोनाली जोशी के दिवाना बा. सोनाली जोशी एह फिल्म में बहुते ग्लैमरस भूमिका में बाड़ी. साथी कलाकारन में रत्नेश बरनवालम सुनीता शर्मा, संतोष शुक्ला, नीलिमा सिंह, आ अरविंद उपाध्याय बाड़े.

कहानी संतोष मिश्रा के, कैमरा अकरम खान के, गीत अशोक कुमार दीप, प्यारेलाल आ श्याम देहाती के बा. संगीत अशोक कुमार दीप के बावे.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up