15 फरवरी से देशभर में रिलीज होखे जात बा ‘‘रखवाला’’

by | Feb 14, 2013 | 0 comments

Rakhwalaसिनेमा भोजपुरी के मशहूर निर्देशक असलम शेख के होम प्रोडक्शन फिलिम ‘रखवाला’ 15 फरवरी से देश भर में रिलीज होखे जात बा. असलम शेख प्रोडक्शन्स आ सुजीत तिवारी के सी.पी.आई. मूवीज के एह प्रस्तुति के निर्माता हउवें इश्तियाक शेख ‘बंटी’ आ रीतू शर्मा.

सुपरस्टार निरहुआ एहमें पुलिस इंस्पेक्टर के भूमिका में बाड़न आ उनकर नायिका बाड़ी प्रतिभाशाली अदाकारा रिकूं घोष. फिलिम में एक्शन, इमोशन, ड्रामा का साथ ही मधुर गीत संगीतो सुने के मिली.

एह फिलिम में अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, बृजेश त्रिपाठी, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, उल्हास आ मनोज भावुक वगैरहो के प्रमुख भूमिका बा.

निर्देशक असलम शेख बतावत बाड़ें कि एह फिलिम में मौजूदा सिस्टम के दोष उजागर कइल गइल बा. कहलन कि ई उनकर ड्रीम प्रोजेक्ट ह.

फिलिम के शूटिंग जौनपुर आ मुंबई में करावल गइल रहे, गीतकार विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव, संगीतकार धनंजय मिश्रा, सह निर्माता विक्की ककड़, आ बिल्किस शेख, अउर कार्यकारी निर्माता अशोक कक्कड़ हउवें. एकर गाना ‘सईया लईका नीहन सुत जाता कोरा में’ त अबहियें से लोकप्रिय हो गइल बा.


(प्रशांत निशांत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up