ManojTigerAwardedलगातार आठ साल से मिलत बेस्ट कॉमेडियन के सम्मान मनोज टाईगर क बारे मे बहुत कुछ कह जा ता. हाल ही मे लखनऊ मे भइल आठवाँ भोजपुरी फ़िल्म अवार्ड सम्मान समारोह मे बेस्ट कॉमेडियन सम्मान से मनोज के सम्मानित कइल गइल. दिनेश लाल यादव निरहुआ आ पाखी हेगड़े स्टारर “निरहुआ रिक्शावाला” फ़िल्म मे बताशा चाचा नाम का पड़ल कि आजु ले उनुका के सभे बताशा चाचा कहेला.

थिएटर कलाकार रहला का चलते मनोज टाईगर हर तरह के किरदार जीवंत करे में माहिर हउवं. दर्शको लोग उनुका हर भूमिका के पसंद करेला. कॉमेडी से अपना कैरियर के शुरुआत करे वाला मनोज टाईगर “डकैत” से ले के “वीर बलवान” ले करीब एक दर्जन फिलिमन में खलनायको के किरदार क चुकल बाड़े. साथही अनेके फिलिम लिखहूं के काम करत बाड़ें मनोज टाईगर.


(रामचद्र यादव)

 179 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: