Vinod-Nirahua-Alviभोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के एह साल के “भोजपुरी अवार्डस 2013” में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता चुनल गइल.

निरहुआ के ई सम्मान मिलल फिलिम ‘एक दूजे के लिए‘ में उनका बेहतरीन अभिनय ला. अवार्ड दिहल गइल काँग्रेसी बोलतुआ आ राज्यसभा सांसद राशीद अल्वी का हाथे.

अपना के मिलल एह पुरस्कार ला निरहुआ अपना दर्शकन के पूरा श्रेय दिहलन. फिलिम ‘एक दूजे के लिए‘ के निर्माता अभय सिन्हा आ निर्देशक अनिल अजिताभ खातिर आबार जतवले निरहुआ आ अवार्ड के संयोजक विनोद गुप्ता के धन्यवाद देत कहलन कि इ पुरस्कार पा के उनकर जवाबदेही अउर बढ़ गइल बा.

जाने जोग बात इहो बा कि निरहुआ के लगातार दुसरका साल सर्वश्रेष्ठ अभिनेता चुनल गइल बा.


(प्रशांत निशांत)
(२८ दिसंबर १३)

 165 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: