Pawanसाल २०१३ मे भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह बॉक्स ऑफिस पर हिट फिलिमन के झड़ी लगा दिहले.

एह साल पवन सिंह के ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान‘, ‘बनारसवाली‘, ‘वीर बलवान‘, ‘रंग द प्यार के रंग में‘, ‘देस परदेस‘ आ ‘जिददी आशिक‘, प्रदर्शित भइली स आ सगरी सफल रहली सँ.

‘राखेला शान भोजपुरिया जवान‘ सगरी बिहार में शानदार व्यवसाय कइलसि. दुर्गा पूजा बेरा रिलीज ‘रंग द प्यार के रंग में‘ ओह समय रिलीज भइल सगरी फिलिमन प भारी रहल.

छठ बेरा आइल ‘जिददी आशिक‘ बिहार के 75 सिनेमाघरन में प्रदर्शित भइल आ एके हफ्ता में आपन पूरा लागत वसूल करा दिहलसि. एह साल के सबले बड़ हिट रहल ‘देस परदेस‘.

पवन सिह साल 2013 में अपना फिलिमन के हिट प्रदर्शन से खुश बाड़े आ साल 2014 ला आश्वस्त.


(प्रशांत निशांत)
(२२ दिसंबर १३)

 230 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: