महुआ टी0 वी0 पर प्रसारित हो रहल लोकप्रिय गेम शो के बनी करोड़पति के शुक, १५ जुलाई वाला एपिसोड में बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा के सामने हॉट सीट पर बतौर सेलिब्रेटी गेस्ट बइठे जा रहल बा भोजपुरी सिनेमा के हिट आ फिट जोड़ी निरहुआ आ पाखी के.

एपिसोड के शुरूआत शत्रुध्न सिन्हा सावन महीना के स्वागत से करीहें आ तब एपिसोड के गेस्ट भोजपुरी फिल्मन के सुपरस्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के आमंत्रित करीहे. आ तब दिनेश लाल ‘‘पूरी दुनिया में कइले धमाल भोजपुरिया’’ गाना गावत स्टेज पर अइहे आ तब निरहुआ आ शत्रुघ्न सिन्हा दुनु जने मिल के पाखी के बोलइहे. हॉट सीट पर बइठल दिनेश आ पाखी साफ कर दीहें कि आजु ऊ लोग जवने इनाम जीती ओकरा के ‘‘राष्ट्रीय साहित्य कला संस्थान’’ के दे दीहें जवन संस्था गरीब बचवन खातिर काम करेले. दिनेश बतइहे कि ऊ गायक आ नायक दुनु हउवे काहे कि गायिकी के जवना विधा “बिरहा” में ऊ माहिर हउवें ओहमें अभिनय काफी मायने राखेला.

शत्रु जी का अनुरोध पर निरहुआ बिरहा के दू गो लाईन ‘‘मार हो जान मरकहवां कजरावां’’ गइहे. दिनेश बतइहे कि उनुकर जनम कलकता में भइल रहे आ ऊ करीब करीब हर साल कांवर ले के देवघर जाले. फेर दिनेशलाल अपना भाई प्रवेशलाल का साथे मिल के बाबाधाम का गीत ‘‘वेलकम कांवरिया देवघर में’’ गा के सुनइहे. फेर प्रवेश निरहुआ इंटरटेनमेन्ट के पारिवारिक फिल्म ‘‘औलाद’’ के किट शत्रु जी के उपहार में दीहें. शो का दौरान दिनेशलाल यादव अपना फिल्मी सफर के बारे में बतइहे त पाखी हेगडहू अपना जीवन के कुछ अनजान पल का बारे में बतइहे. शो का बीचे ई लोग फोन ए फ्रेंड में राजपाल यादव से बात करी. राजपाल आपन शुभकामना दीहे. एही दौरान महुआ मीडिया के बनावल बिदेसिया के बात निकली आ निरहुआ एह फिल्म के गाना ‘‘ऐ सजनी’’ गइहे.

दिनेश इहो बतइहे कि उनुकर नाम निरहुआ कइसे पड़ल आ ‘‘निरहुआ सटल रहे” वाला गाना गा के सुनइबो करीहे. एपिसोड के समापन फिल्म “औलाद” के गाना “ब्रिलिएन्ट लागऽतिया” पर परफारमेंस का साथे होई.

हमेशा का तरह एह खास एपिसोड के प्रसारण शुक १५ जुलाई के रात नौ बजे से होई.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

3 thoughts on “के बनी करोड़पति का हॉट सीट पर निरहुआ – पाखी”
  1. माने ईहो कार्यक्रम गोबरछाप बड़ले बा। ई सब कार्यक्रम जुआ के एगो नाया रूप है आ एमें अधिकांश लोग ऊहे जाता जे जानल-मानल होखे। असलियत त ई बा कि एमें से शायदे कवनो आदमी अइसन बा जवना के सम्मान मिले के चाहीं। ई सब कार्यक्रम के बद्न कर देवे के चाहीं। सारा बदतमीज आ देशद्रोही किस्म के आदमी एमें लागल रहतारें।

Comments are closed.

%d bloggers like this: