रिंकू घोष आ श्वेतो तिवारी रहली लोग का नजर में
Chhath-at-Mumbai
महापर्व छठ का दिने डूबत सूर्य के अरघ दिहला का बाद अगिला दिने सबेरे उगत सूरज के अरघ देके परंपरा का अनुसार छठ पूजा के समापन भइल.

चार दिनो चले वाला एह महापर्व पर देश भर में छठवर्ती लोग नदी तालाब समुन्दर किनारे एह पर्व के मनावल. वइसे त छठ पूजा खास क के पूर्वांचल के लोग के प्रमुख त्यौहार ह, बाकिर गँवे गँवे पूरा देश में बसल भोजपुरिया हर जगहा छठ मनावल शुरु क दिहले बाड़े.

मुंबई में छठ पर्व पर मेगा स्टार, चर्चित गायक आ अब भाजपा नेता मनोज तिवारी समुद्र तट प मौजूद रहले आ अपना छठ गीतन से लोग के मंत्रमुग्ध क दिहले. मुंबई में छठ पूजा खातिर गजबे के उत्साह छलकल. बीजेपी नेता राजीव प्रताप रूडी छठ पूजा में शामिल भइले आ भोजपुरी अंदाज़ में छठी मईया से नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री बने के आशीर्वाद मँगले.

मुंबई के जुहू चौपाटी पर आयोजित छठ के महापूजा में छठ महोत्सव पर मोहित कंबोज के मंच पर मनोज तिवारी नजर अइले. साथे रहली श्वेता तिवारी, रिंकू घोष, शुभि शर्मा, आ भारत की शान के विजेता विशाल, गार्गी, सुरभि, अउर विकास सिंह आ प्रमोद पांडे के टीम. मुबंई के छठ में बहुते लोग मनोज तिवारी के गीतो सुनेला जुटेला आ एहिजा के छठ के आयोजन में मनोज तिवारी के गीतो के बड़का योगदान बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 322 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: